टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Patna: पटना मेट्रो में काम के दौरान बड़ हादसा, माटी धंसला से दु लोगन के मौत

02:13 PM Oct 29, 2024 IST | Sonu Kishor
पटना मेट्रो में काम के दौरान बड़ हादसा
Advertisement

पटना मेट्रो के निर्माण के दौरान एगो बड़ दुर्घटना हो गइल बा। सोमवार के रात निर्माणाधीन पटना मेट्रो में काम करत घरी माटी गिरला से दु मजदूर के मौत हो गइल। जबकि 6 मजदूर घायल बाड़े। हालांकि मजदूर के दावा बा कि ए दुर्घटना में लोको पायलट समेत तीन लोग के मौत हो गइल बा। बचाव में देरी के चलते खिसियाइल मजदूर हंगामा मचवले। ए घटना के जानकारी मिलला के बाद बचाव अभियान शुरू कऽ दिहल गइल। मौका पऽ भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कइल गइल।

Advertisement

सुरंग के भीतर दुर्घटना भइल

मिलल जानकारी के मुताबिक सोमवार के रातो में पटना मेट्रो के निर्माण के काम रोज निहन चलत रहे। निर्माणाधीन मेट्रो में काम के दौरान अचानक कीचड़ गिरला के चलते इ दुर्घटना भइल। बतावल जाता कि पटना मेट्रो खाती सुरंग बनावे के काम पटना विश्वविद्यालय अउरी एनआईटी के बीच चलत रहे। एह सुरंग के भीतर कुछ मजदूर काम करे आइल रहले। फेर ई हादसा एह से भइल कि माटी भींजल रहे। माटी गुफा में आ गइल आ बहुते मजदूरन के खतरा में पड़े के आशंका बा।

दू जने के मौत, 6 मजदूर घायल

पटना मेट्रो के एगो अधिकारी मौका पऽ मीडिया के बतवले कि फिलहाल एक मजदूर के मौत हो गइल बा। जबकि दु जवान घायल बाड़े। जेकरा के फोर्ड अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। घटना के कारण अउरी इस्थिति के सही अनुमान तबे पता चली जब बचाव दल भीतर जाके जांच करी। मंगलवार के पटना के एसएसपी सह डीआईजी राजीव मिश्रा घटना के पुष्टि करत बतवले कि ए दुर्घटना में 2 लोग के मौत हो चुकल बा। अउरी 6 मजदूर घायल हो गइल बाड़े, जवना के इलाज पीएमसीएच अस्पताल में होखता।

मजदूर तीन लोग के मौत के दावा कइले

इहाँ मजदूर मौका पऽ भी हंगामा मचवले। उऽ बचाव अभियान में देरी से नाराजगी जतवले। मीडिया के दिहल बयान में मजदूर लोग के कहनाम बा कि सुरंग के भीतर एगो लोको पायलट, एगो टीबीएम संचालक अउरी उनकर मददगार के मौत हो गइल बा। आ कई लोग फंस हो सकेला। जवना घरी ई काम चलत रहे, ओह घरी कवनो अधिकारी ओहिजा मौजूद ना रहले। घटना के बाद मौका पऽ भारी संख्या में पुलिस बल तैनात कऽ दिहल गइल। पटना मेट्रो के सुरक्षाकर्मी तैनात रहलें।

Tags :
Accident Accident NewsAccident at Patna Metro Construction SiteBIHAR Patna Newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsPATNA metro news
Advertisement
Next Article