For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सियासी उथल-पुथल के बीचे पटना में बेखौफ अपराधी, पूर्व मुखिया आ कारोबारी के मरलस गोली

12:23 PM Feb 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
सियासी उथल पुथल के बीचे पटना में बेखौफ अपराधी  पूर्व मुखिया आ कारोबारी के मरलस गोली
Advertisement

नीतीश कुमार के सरकार के फ्लोर टेस्ट सोमार के बिहार के राजधानी पटना में होखे वाला बा। दूसर ओर थाना से महज 200 मीटर दूर पटना के नौबतपुर में अतवार के चौक बाजार में अपराधी खुलेआम दु लोग के गोली मार देले। फायरिंग के खबर से पूरा बाजार में दहशत मच गईल। लोग आपन जान बचावे खातिर इधर-उधर दौड़े लागल। एही बीच मउका के फायदा उठावत अपराधी उहाँ से भाग गईले।

Advertisement

घाही लोग के पटना एम्स में भर्ती करावल गईल

घटना के जानकारी मिलते पटना के नौबतपुर थाना के पुलिस मउका पs पहुंचल अवुरी दुनो घाही के इलाज खातीर पटना एम्स में भर्ती करवलस। घाही लोग के हालत गंभीर बनल बा। घटना के बारे में बतावल जाता कि नौबतपुर बाजार के पूर्व प्रमुख अवुरी होम्योपैथिक डॉक्टर बृजभन प्रसाद (75 साल) बाजार में अपना दोकान पs मरीज के देखभाल करत रहले, तबे बाइक से आवत दु अपराधी उनुका पs गोली चला देले। भागे के दौरान अपराधी पास के एगो व्यापारी नवरत्न कुमार (40 साल) पs भी गोलीबारी कईले।

अपराधी हथियार लहरावत भाग गईले

पास के लोग बतवले कि गोली बृजभान के कंधा अवुरी छाती पs लागल। एही बीच नवरत्न कुमार के हाथ में गोली लाग गईल। फायरिंग के घटना के बाद अपराधी हथियार लहरावत उहाँ से भाग गईले। पास के लोग बतवले कि घटना स्थल से थाना के दूरी मात्र 200 मीटर के आसपास बा। फायरिंग के खबर से पूरा बाजार में दहशत के माहौल बन गईल। लोग आपन जान बचावे खातिर इधर-उधर दौड़े लागल।

घटना के कारण के जांच करत पुलिस

फायरिंग के घटना के बाद बहुत दोकानदार अपना दोकान के शटर नीचे खींचे लगले। मौका के फायदा उठावत अपराधी उहाँ से भाग गईले। पटना के फुलवारी शरीफ पुलिस के अनुमंडल पदाधिकारी विक्रम सिहाग बतवले कि घटना के कारन अबे ले पता नईखे चलल। उs बतवले कि घटना स्थल के आसपास के सीसीटीवी कैमरा के जाँच कईल जाता।

Tags :
Advertisement