टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Patna News: चंदा मांगला पऽ व्यवसायी फेंकलस तेजाब

07:52 PM Oct 11, 2024 IST | Sonu Kishor
घटना स्थल पऽ मौका पऽ पहुँचल पुलिस
Advertisement

Patna News: राजधानी पटना से सटल पटना सिटी में चंदा मांगे वाला लोग पऽ एगो व्यापारी तेजाब फेंक दिहलस। एकरा चलते दु जाना घायल हो चुकल बाड़े। इ मामला खाजेकलां थाना क्षेत्र के लोदी कटरा के लगे के बा। घटना के बारे में स्थानीय लोग बतवले कि कुछ लोग एगो गहना के दोकान में चंदा मांगे आइल रहले गहना व्यापारी चंदा देवे से इनकार कऽ देले। एकरा चलते दोकानदार अउरी चंदा मांगे जाए वाला लोग के बीच विवाद हो गइल। खिसियाइल सोना के कारोबारी चंदा मांगे आइल युवक पऽ तेजाब फेंक दिहलस। एकरा चलते दु लोग घायल हो गइले।

Advertisement

मामला के जानकारी मिलला पऽ पुलिस तुरंत घटना स्थल पऽ पहुंचल आ दुनो घाही युवक के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करवलस। इहाँ पुलिस सोना के कारोबारी के हिरासत में लेके पूछताछ करतिया। पास के लोग के कहनाम बा कि सोना के कारोबारी खड़ा स्कूटर में आग लगा देले बाड़े।

खाजेकलां थाना प्रभारी प्रभात रंजन के कहनाम बा कि दुनो लोग के बीच चंदा मांगे के लेके विवाद भइल रहे। जवना में दुकानदार के ज्वलनशील पदार्थ एसिड फेंके के मामला सामने आ रहल बा। एमें दू गो नवहा घायल हो गइल बाड़े। जेकरा के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। जबकि आरोपी के हिरासत में लिहल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri crime newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsPatna Bihar newsPatna News
Advertisement
Next Article