टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Patna News : सुलेशन सूंघ-सूंघ  के क्राइम से नाता जोड़ रहल बाड़े बच्चा, पटना में अइसे पनप रहल बा नशा के कारोबार

02:01 PM May 25, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Patna News :पटना में नानह उमिर के लइका अपराध आ नशा के दुनिया में आगे बढ़ रहल बाड़े। दू दिन पहिले बियफे के पटना जंक्शन के लगे चार अइसन बच्चन के प्रशासन अपना संरक्षण में लेलस। जवन सुलेशन सूंघ-सूंघ के अपराध से नाता जोड़ रहल बाड़े। नशा के एह खेल के पीछे पूरा नेटवर्क बा। एह लोगन से चोरी-छिनतई जइसन अपराधो करावल जाता। बदले में नशा मिल जाता।

Advertisement

10-12 बरिस के लइका। सात-आठ बरिस के उम्र वाला बाड़े। नशा के आदी हो चुकल बाड़े। ए लोगन के लतो लगावल जाला। नशा के रूप में पंचर साटे वाला केमिकल के प्रयोग करेले। आम बोलचाल में एकरा के सुलेशन कहल जाला। ई आसानी से उपलब्ध बा आ सस्तो बा। बचपन एकरा चपेट में आ रहल बा। नशा के शुरुआत इहाँ से होला आ फेर धीरे-धीरे ब्राउन शुगर आ दूसर नशीला पदार्थन ले पहुंच जाले।

महावीर मंदिर के आसपास नशा में धुत लइका मिल जइहें 

एकरा के रोकल एगो बड़ चुनौती बा, अन्यथा इहे लइका आगे चलके अपराध के दुनिया में कदम रखिहें। एकर प्रशिक्षण अबही से मिल रहल बा। पटना जंक्शन आ महावीर मंदिर के आसपास नशा में धुत बच्चा मिल जइहें। एमें नाबालिग लइकियो बाड़ी।

खाली इहे ना, नेहरू पथ, राजवंशी नगर, पटेल नगर, बोरिंग रोड, कदमकुआं, राजेंद्र नगर समेत कई गो इलाकन में एह तरे के बच्चा सुलेशन सूंघत लउक जइहें। एकरा से समझल जा सकत बा कि नशा के कइसन खेल चल रहल बा। ई-रिक्शा चलावे वाला लइको एकरा चपेट में बाड़े। एक तऽ नाबालिग के हाथ में ई-रिक्शा, ओपर से नशा।

का कहत बाड़े सेवानिवृत्त शिक्षक?

सेवानिवृत्त शिक्षक तरुण सिन्हा कहत बाड़े कि जब ले अइसन सामग्री बेचे वालन पs सख्त कार्रवाई ना होई, बच्चन के ओकरा चपेट में आवे से बचावल संभव नइखे। अइसन नइखे कि खाली झुग्गियन में रहे वाला बच्चा एकरा चपेट में आ रहल बाड़े, कई अच्चा घरन के बच्चा एकर शिकार बाड़े।

Tags :
Bihar crimebihar politicscrime news bhojpuriKhabar Bhojpuri NewspatnaPatna Junction
Advertisement
Next Article