For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Patna: बेउर जेल के कुख्यात कैदी PMCH से फरार, दू गो पुलिसकर्मी गिरफ्तार

12:21 PM Sep 04, 2024 IST | Sonu Kishor
patna  बेउर जेल के कुख्यात कैदी pmch से फरार  दू गो पुलिसकर्मी गिरफ्तार
प्रस्तुति खातिर इस्तेमाल कइल गइल तस्वीर
Advertisement

Patna News: बेउर जेल के कैदी देर रात पीएमसीएच से भाग गइल। एह मामिला में दू गो पुलिसकर्मी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। आठ गो पुलिसकर्मी के निलंबित कऽ दिहल गइल बा। पुलिस विभाग में ए मामला के लेके हलचल मच गइल। देर रात अस्पताल से लेके पूरा शहर तक छापामारी जारी रहल बाकिर कवनो फायदा ना भइल।

Advertisement

सोना डकैती समेत कई गो मामिला में डकैती, डाकू आ हथियार कानून के आरोपी राजकुमार कुमार उर्फ अभिजीत कुमार सोमार के देर रात पीएमसीएच से भाग गइल। बेउर जेल से इलाज खाती पीएमसीएच भेजल गइल रहे।

एह मामिला में सिपाही रंजन कुमार पासवान आ हवलदार सुबोध पासवान के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। एह लोग के समेत आठ गो पुलिसकर्मी के निलंबित कर दिहल गइल बा।

Tags :
Advertisement