टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Patna School Closed: पटना जिला के 76 स्कूलन के बंद करे के आदेश

09:53 AM Sep 18, 2024 IST | Sonu Kishor
पटना में बंद रही 76 स्कूल
Advertisement

गंगा के जलस्तर में बढ़ोतरी के चलते पटना जिला के दियारा इलाका में एक बेर फेर से बाढ़ के पानी बढ़ल शुरू हो गइल बा। नदी में पानी के गतियो काफी तेज बा। एकरा के देखत डीएम डॉ. चंद्रशेखर सिंह प्रभावित इलाका के 76 स्कूल 21 सितंबर तक बंद राखे के आदेश जारी कइले बाड़े।

Advertisement

इ स्कूल अथमलगोला, बाढ, बख्तियारपुर, मोकामा, सदर, दानापुर, फतुहा, मनेर आ मोकामा प्रखंड में बा। डीएम जारी आदेश में बतवले बाड़े कि बच्चा आ शिक्षक के सुरक्षा खातिर इ कदम उठावल गइल बा।

बेगूसराय में नदी के जलस्तर बढ़ल

बछवाड़ा प्रखंड के चमथा पंचायत-1, 3, विशनपुर आ दाउदपुर के इलाका में एक बेर फेरु से गंगा के जलस्तर तेजी से बढ़त देखल जा रहल बा। करीब डेढ़ महीना में चउथा बेर पानी के स्तर बढ़ला के चलते फेर से जीवन प्रभावित होखे लागल बा। किसानन के मेहनत से लगावल फसल पहिलहीं से गंगा नदी में आइल बाढ़ से तबाह हो चुकल बा।

गंगा के तटीय इलाका के अधिकांश घर पानी से घिरल बा। चमथा पंचायत 3 में इस्थित अपग्रेड मिडिल स्कूल, चिरायतोक दक्षिणी भाग के शिक्षक आ बच्चा कवनो तरीका से पानी से भरल सड़क से स्कूल पहुंचतारे। स्कूली लइकन खातिर ई राह जोखिम भरल बा। बढ़त जलस्तर के चलते स्थानीय लोग के चिंता बढ़ गइल बा। लोग के एक बार फेर बाढ़ के खतरा के सामना करे के पड़ता।

Tags :
BIHAR education newsBIHAR education news education departmentbihar newsBIHAR Patna Biharkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsPatna school
Advertisement
Next Article