For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

एs टीवी एक्ट्रेस के कार एक्सीडेंट में भइल मउत, बहिन सहित तीन लोग घायल

09:39 PM May 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
एs टीवी एक्ट्रेस के कार एक्सीडेंट में भइल मउत  बहिन सहित तीन लोग घायल
Advertisement

Advertisement

साउथ इंडस्ट्री से एगो दर्दनाक खबर सामने आइल बा. खबर बा कि टीवी कन्नड़ आ तेलुगु के मशहूर अभिनेत्री पवित्रा जयराम दुनिया के अलविदा कह दिहली. एगो कार दुर्घटना में पवित्रा जयराम के मउत हो गईल। इs हादसा हैदराबाद के महबूब नगर के नजदीक भईल। ई दुखद खबर टीवी इंडस्ट्री के लोग के बहुत बड़ झटका के रूप में आईल बा। उनुका गाड़ी के एगो बस से बहुत खतरनाक टक्कर हो गईल, जवना के बाद टीवी अभिनेत्री के मउका पs मउत हो गईल। पवित्रा के निधन के खबर परिवार अवुरी इंडस्ट्री में शोक पसर गईल बा।

पवित्रा जयराम के निधन

कन्नड़ टीवी अभिनेत्री पवित्रा जयराम के अतवार (12 मई) के आंध्र प्रदेश के महबूब नगर में निधन हो गइल. पवित्रा  जयराम के ई दर्दनाक निधन सभे के चौंका देले बा। बता दीं कि एह हादसा में उनकर बहिन अपेक्षा, ड्राइवर श्रीकांत आ अभिनेता चंद्रकांत भी गंभीर रूप से घायल हो गइल बाड़े। उनुका के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. कर्नाटक के मांड्या जिला के हनाकेरे लवटत घरी ई हादसा भइल. पवित्रा के निधन से मनोरंजन उद्योग गहरा चौंक गइल बा.

 पवित्रा जयराम के बारे में

सोशल मीडिया पs अभिनेत्री पवित्रा जयराम के श्रद्धांजलि दिहल जा रहल बा. अभिनेता समीप आचार्य अभिनेत्री के निधन पss दुख जतवले बाड़न. टीवी अभिनेत्री पवित्रा कन्नड़ आ तेलुगु सिनेमा में अपना शानदार काम से एगो अलग पहचान बनवले रहली. ‘तिल्लोत्तमा’ के अलावे ऊ तेलुगु धारावाहिक ‘त्रिनयानी’ खातिर जनता के बीच मशहूर बाड़ी।

Tags :
Advertisement