For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Paytm Payments Bank एह अकाउंट के कर रहल बा डिएक्टिवेट, 20 जुलाई के हो जाई बंद

12:57 PM Jun 24, 2024 IST | Sonu Kishor
paytm payments bank एह अकाउंट के कर रहल बा डिएक्टिवेट  20 जुलाई के हो जाई बंद
Advertisement

पेटीएम पेमेंट्स बैंक लिमिटेड (Paytm Payments Bank Limited) ने अपना यूजर्स खातिर एगो ऑफिशियल नोटिस वॉर्निंग जारी कइले बा। कंपनी एह नोटिस वॉर्निंग के साथे कुछ अकाउंट के डिएक्टिवेट करे के जानकारी देले बा। कंपनी कहले बा कि जीरो बैलेंस आ इनएक्टिवेट वॉलेट वाला अकाउंट कंपनी के ओर से 20 जुलाई के बंद कइल जा रहल बा।

Advertisement

पेटीएम पेमेंट्स बैंक लिमिटेड (Paytm Payments Bank Limited) एगो नया नोटिफिकेशन जारी कइले बा। एह नोटिफिकेशन के मोताबिक, कंपनी अकाउंट बैलेंस आ अकाउंट के इस्तेमाल के आधार पs कुछ अकाउंट के हमेशा खातिर बंद करे जा रहल बिया।

कंपनी जारी कइलस ऑफिशियल नोटिस वॉर्निंग

कंपनी एगो ऑफिशियल नोटिस वॉर्निंग जारी कऽ के यूजर्स के एह बारे जानकारी देलस। कंपनी के कहनाम बा कि उऽ यूजर्स जेकरा अकाउंट में जीरो बैलेंस बा भा वॉलेट एक्टिव नइखे, तऽ डिएक्टिवेट कइल जा रहल बा। एही के साथे उऽ अकाउंट जवना मे, साल भर से कवनो तरे के ट्रांजैक्शन नइखे भइल, ओकरो के डिएक्टिवेट कइल जा रहल बा। ए तरे सब अकाउंट के कंपनी 20 जुलाई के हमेशा खातिर बंद कऽ दिही। कंपनी के ओर से एह तरे के अकाउंट होल्डर्स के 30 दिन एडवांस में जानकारी दिहल जा रहल बा।

कंपनी काहे ले रहल बिया ई फैसला

दरअसल, पेटीएम पेमेंट्स बैंक लिमिटेड (Paytm Payments Bank Limited) अकाउंट के लेके ई कदम आरबीआई के गाइडलाइन के ध्यान में राखत उठावल जा रहल बा।

मार्च में जारी आरबीआई के गाइडलाइन्स में पीपीबीएल अकाउंट के नया डिपॉजिट एक्सेप्ट करे आ नया खाता के खोले के लेके मनाही रहे।

आरबीआई के ई फैसला पेटीएम पेमेंट्स बैंक लिमिटेड खातिर 15 मार्च से लागू रहे। हालांकि, नया नियम के प्रभाव पुरानका ग्राहकन के ट्रांजैक्शन भा दूसरका बैंक ट्रांसफर पs ना पड़ल।

Paytm Payments Bank account के दोबारा एक्टिवेट कइसे होई 

जदि राउर पेटीएम पेमेंट बैंक अकाउंट डिएक्टिवेट हो गइल बा तऽ रउआ एकरा के दोबारा एक्टिवेट कइल चाहऽ तानी  तऽ Paytm mobile app के इस्तेमाल कऽ सकऽ तानी।

ऐप ओपन कइला के के बाद PPBL सेक्शन पs आवे के होई।

अब Wallet आइकन पs टैप करे के होई।

इहाँ Your Wallet is Inactive के मैसेज लउकी।

अब Activate Wallet पs क्लिक करे के साथे प्रॉम्प्ट के फॉलो कऽ सकत बानी।

Tags :
Advertisement