टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पेटीएम पs एक्सिस-यस बैंक के UPI हैंडल लाइव भइल : @paytm हैंडलो चलत रही, पेटीएम के UPI सर्विस खातिर 4 बैंकन से पार्टनरशिप

04:50 PM Mar 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

आपेटीएम पs UPI सर्विसेज देवे खातिर यस बैंक आ एक्सिस बैंक लाइव हो गइल बा, जवना के इस्तेमाल कs के यूजर्स नया UPI हैंडल बना सकत बा लो। अभी तक पेटीएम ऐप पs UPI सर्विस पेटीएम पेमेंट बैंक के माध्यम से मिलत रहे, बाकिर एह बैंक पs RBI रोक लगा देले बा।

Advertisement

पेटीएम पेमेंट बैंक यूजर्स के @Paytm हैंडल देत रहे। अब यूजर्स के यस बैंक @ptyes आ एक्सिस बैंक @ptaxis हैंडल के ऑप्शनो मिली। अभी जवन यूजर @paytm हैंडल के इस्तेमाल करs रहल बा लो ओह लोगन के UPI पहिलही के तरे चलत रही।

पेटीएम के 4 बैंकन के संगे पार्टनरशिप में 5 हैंडल मिलल बा

पेटीएम पेमेंट बैंक पs रोक के बाद पेटीएम के पैरेंट कंपनी वन 97 कम्युनिकेशन के UPI सर्विस जारी रखे खातिर चार बैंकन के संगे पार्टनरशिप में 5 हैंडल मिलल बा। Paytm, @ptyes आ @ptaxis के अलावे @pthdfc आउर @ptsbi

3 हैंडल अभी एक्टिव, HDFC आ SBI के हैंडल जल्द सुरू होई 

एह हैंडल्स में से यस बैंक आ एक्सिस बैंक के हैंडल लाइव हो गइल बा। ओहिजा, HDFC आ SBI के हैंडल @pthdfc आउर @ptsbi अभी एक्टिव नइखे भइल। पेटीएम पेमेंट बैंक के @Paytm हैंडल यस बैंक में रिडायररेक्ट होई।

पेटीएम पेमेंट्स बैंक पs 31 जनवरी के RBI लगवले रहे रोक 

रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया (RBI) रेगुलेटरी नियमन के पालन ना करे आ आउर कइयन गो अनियमितततन के चलते 29 फरवरी के बाद पेटीएम पेमेंट्स बैंक के सब बैंकिंग एक्टिविटी बंद करे के आदेश देले रहे। ई आदेस 31 जनवरी के जारी कइल गइल रहे, जवना के बाद में RBI 15 मार्च तक बढ़ा देले रहे।

गूगलपे, फोनपे जइसन ऐप्सन के बा बैंकन से पार्टनरशिप

फोनपे, गूगलपे जइसन UPI ऐप थर्ड पार्टी एप्लीकेशन प्रोवाइडर बा। एकनी के UPI सर्विस खातिर पेमेंट सर्विस प्रोवाइडर (PSP) बैंक्स के संगे पार्टनरशिप बा। हालांकि, पेटीएम के अभी ले बैंक पार्टनरशिप के जरूरत ना रहे, काहेकि PPBL खुद एगो बैंक हs।

Tags :
axis BankBhojpuri NewsHDFC BankPayTMPaytm UPI ServicesSBI
Advertisement
Next Article