For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

27 अक्टूबर के आयोजित होखे वाला PCS के परीक्षा भइल स्थगित

09:29 AM Oct 17, 2024 IST | Minee Upadhyay
27 अक्टूबर के आयोजित होखे वाला pcs के परीक्षा भइल स्थगित
PCS के परीक्षा भइल स्थगित
Advertisement

उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग आगामी पीसीएस परीक्षा टार दिहलस. ई परीक्षा 27 अक्टूबर के होखे वाला रहे। अब दिसंबर के बीच में परीक्षा के नया तारीख के घोषणा हो जाई।

Advertisement

उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग जारी विज्ञप्ति में कहलस कि परीक्षा कैलेण्डर 03 जून 2024 के अनुसार दिनांक 27 अक्टूबर, 2024 के आयोजित होखे वाला "सम्मिलित राज्य / प्रवर अधीनस्थ सेवा (प्रा०) परीक्षा-2024 स्थगित कइल जाता। अब इ परीक्षा आगामी दिसम्बर माह के मध्य ले आयोजित कइल जाइल सम्भावित बा। शासनादेश के अनुपालन में जनपदन से मानक के अनुरूप परीक्षा केन्द्र प्राप्त होले पs परीक्षा के आयोजन के तिथि आ कार्यकम के संबंध में अभ्यर्थियन के जल्दिए अवगत करा दिहल जाई।

Tags :
Advertisement