टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर में मौसम भइल सुहाना, बरखा से लोगन के मिलल राहत : आसमान में छाइल घन बादल

11:19 AM Aug 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर में बरखा के बाद से मौसम सुहाना बनल बा। उमस आ गरमी से परेसान लोगन के आखिरकार राहत मिलल बा। बियफे के दुपहरिया बाद मूसलाधार बरखा बड़ राहत देलस। तेज गरज आ चमक के संगे भइल ई बरखा समूचा शहर के मौसम बदल देलस, जवना से तापमान में गिरावट आइल आ वातावरण में ताजगी महसूस भइल। शहर के कइयन हिस्सन में भारी बरखा के कारण जलभराव के इस्थिति उत्पन्न हो गइल।

Advertisement

आज सुक के सबेरही से आसमान में घन बादल छाइल बा आ ठंडा हवा चल रहल बा, जवना से मौसम बहुते सुहाना बनल बा। मौसम विभाग के अनुसार, आज के अधिकतम तापमान 30-32 डिग्री सेल्सियस के बीच रहे के संभावना बा, जबकि न्यूनतम तापमान 26 डिग्री सेल्सियस के आसपास रही। दिनभर तेज हवा के संगे बरखा हो सकत बा, जवना से लोगन के गरमी से पूरा तरे राहत मिली।

अगिला दु दिनन में मध्यम से तेज बरखा के आसार

मौसम वैज्ञानिक डॉ. कैलाश पांडेय बतवलें कि मानसून के इस्थिति सामान्य बनल बा आ अगिला दु दिनन में गोरखपुर में मध्यम से तेज बरखा के आसार बा। प्रदेश में जारी सक्रिय मानसून के परिस्थितियन के कारण तराई आ ओकरा से सटल क्षेत्रन में कहीं-कहीं भारी से बहुत भारी बरखा होखे के संभावना बा। अधिकतर जगहन पs बादल छाइल रही आ हलका से मध्यम बरखा के दौर जारी रही।

निचला इलाकन में रहे वाला लोग हो जाये सतर्क

मौसम विभाग चेतावनी देले बा कि भारी बरखा के कारण शहर में आउर जलभराव के इ स्थिति उत्पन्न हो सकत बा।  ऊ नागरिकन से अपील कइले बा कि ऊ लोग बिना यात्रा से बचे आ जदि यात्रा कइल जरूरी होेखे तs सावधानीपूर्वक करीं। खास कs के निचला इलाकन में रहे वाला लोगन के सतर्क रहे के सलाह दिहल गइल बा, काहेकि उहां जलभराव के खतरा अधिक होला।

Tags :
Bhojpuri Newsgorakhpur newsRain Predictionweather forecast
Advertisement
Next Article