टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मुख्यमंत्री से मिलले खोराबार के लोग, मकान के मालिकाना हक के लगवले गोहार

09:27 AM Sep 16, 2024 IST | Sonu Kishor
हरित क्षेत्र के श्रेणी से हटी सिंघड़िया...
Advertisement

GORKHPUR: जंगल सीकरी आ खोराबर मकान बचाओ संघर्ष समिति के अध्यक्ष विजय नारायण मिश्र के नेतृत्व में एतवार के दिने जनता दर्शन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से भेंट कइल गइल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के याद दिअवले कि उनका मकान के मालिकाना हक देवे के उनका आदेश के एक साल बादो पालन नइखे भइल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कमिश्नर अनिल ढिंगरा के निर्देश दिहलन कि उऽ जल्दी से जल्दी मालिकाना हक पावे के प्रक्रिया पूरा कइल जाव।

Advertisement

अधिग्रहण के सालन बाद जब प्राधिकरण खोराबर टाउनशिप आ मेडिसिटी परियोजना पर काम शुरू कइलस तऽ सामने आइल कि अधिग्रहित जमीन पs बहुत लोग आपन घर बनवले बा। कुछ जगहन पs घना आबादी बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के हस्तक्षेप के बाद अइसन चिन्हित जगह के छोड़ के बाकी इलाका में खोराबर टाउनशिप आ मेडिसिटी परियोजना शुरू भइल।

अधिग्रहण के दौरान जवना लोग के मकान छोड़ल गइल रहे, उऽ लोग अब मालिकाना हक वापस करे के मांग करतारे। एह संबंध में एगो प्रस्ताव गोरखपुर विकास प्राधिकरण के बोर्ड में ले आवल गइल बा। मालिकाना हक देबे के प्रक्रिया चलत बा। फिलहाल पंकज तिवारी, जयप्रकाश मिश्रा, रामप्रकाश तिवारी, शशि भूषण, कमलेश राय, शशि रंजन पाण्डेय, अनिल मिश्रा, जयनाथ यादव, मृत्युंजय मालवीय, जन्मेजय जायसवाल, दयाराम, अनिल शर्मा, मणिकांत शाही अतवार का दिने मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से भेंट करे पहुंचल रहे।

Tags :
Aditya nath YogiGDA GORKHPURGorkhpur newsGorkhpur news bhojpurikhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsuttar pradesh government
Advertisement
Next Article