टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर के नौसड़ पुलिस चौकी में बेखौफ बियर पियत रहे जुवक, बगल में बइठल रहे सिपाही, फोटो वायरल- निलंबित

02:02 PM Jun 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गीडा थाना के नौसड़ पुलिस चौकी में ट्रैवल्स में गाड़ी चलवावे वाला जुवक के बियर पीयत फोटो वायरल हो गइल। ऊ बकायदा सिपाही के बगल के कुर्सी पs बइठ के बियर पीयत रहे। एसएसपी आरोपी कांस्टेबल चंद्रभान सिंह के कर्तव्यों के प्रति घोर लापरवाही बरतला के आरोप में निलंबित कs देलें। चौकी इंचार्ज अरुण सिंह के भूमिका के जांच करावल जा रहल बा। एसएसपी विभागीय जांच के निरदेसो देले बाड़ें।

Advertisement

वायरल फोटो में चौकी में बइठके बियर पीता जुवक कइयन गो गाड़ियन के संचालन करावेला। ओकर कुछ दिन पहिले केहू से विवाद हो गइल रहे। आपन फरियाद लेके ऊ चौकी पs आइल। ऊ सिपाही चंद्रभान सिंह के लगे बइठ गइल आ  ओहिजा बियर मंगाके पीये लागल। दूसरका पक्ष एकर वीडियो बना लेलस आ सोशल मीडिया पs वायरल कs देलस। वायरल वीडियो चुनाव के बेरा के बतावल जा रहल बा।
एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर बतवलें कि ममिला संज्ञान में आवे पs आरोपी सिपाही के निलंबित कs के विभागीय जांच के आदेस दिहल गइल बा। जांच के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई।

Tags :
Bhojpuri Newsgorakhpur newsNaushad Police ChaukiPolicemen SuspendedSSP Gaurav Groverviral videoYouth drinking bear in police cahuki viral
Advertisement
Next Article