टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Phulpur Lok Sabha Result 2024: नेहरू के कर्मभूमि पऽ कमल के खेती,इहाँ से तीसरका बेर जीतल भाजपा

11:19 AM Jun 06, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

इहाँ पहिला बेर 2014 में केशव प्रसाद मौर्य जीत दर्ज कऽ के कमल खिलवले रहले। ओकरा बाद 2019 में केशरी देवी पटेलो विजय भइली। हालांकि केशव जीतला के बाद लोकसभा से त्यागपत्र देके प्रदेश के राजनीति में आ गइल रहले। ओकरा बाद 2018 में उपचुनाव करावे पड़ल। एह चुनाव में भाजपा प्रत्याशी को हार के सामना करे के पड़ल रहे।

Advertisement

फूलपुर संसदीय क्षेत्र में तीसरका बार कमल खिलल। एकरा खातिर ढेर मेहनत करे के पड़ल । सपा के अमरनाथ मौर्य डट के मोकाबला कइले बाकिर नतीजा भाजपा के पक्ष में आइल। इहाँ पहिला बेर 2014 में केशव प्रसाद मौर्य जीत दर्ज कऽ के कमल खिलवले रहले।

ओकरा बाद 2019 में केशरी देवी पटेलो विजय भइली। हालांकि केशव जीतला के बाद लोकसभा से त्यागपत्र देके प्रदेश के राजनीति में आ गइल रहले। ओकरा बाद 2018 में उपचुनाव करावे के पड़ल। एह चुनाव में भाजपा प्रत्याशी के हार के सामना करे के पड़ल रहे।

अतीत में झांकल जाव तऽ देश के प्रथम प्रधानमंत्री पं. जवाहरलाल नेहरू एह सीट से पहिला बार चुनाव जीतले। अपना अंतिम समय तक उऽ एही सीट से लड़त रहले। ओकरा बाद विजय लक्ष्मी पंडित, विश्वनाथ प्रताप सिंह, कमला बहुगुणा के राजनीतिक जमीनो इहे क्षेत्र रहल।

आगे चलके फूलपुर सीट पs समाजवादी पार्टी के प्रभाव रहल। 1996 से 2004 तक भइल चुनाव में लगातार एही दल के उम्मीदवार जीतत रहले। 1996 आ 1998 में सपा के जंग बहादुर पटेल के सिर ताज सजल तऽ 1999 में सपा के धर्मराज पटेल फेर 2004 में अतीक अहमद इहाँ से सांसद चुनल गइले। एकरा बाद लोकसभा सीट पहिला बेर बहुजन समाज पार्टी के झोली में गइल। बसपा के कपिलमुनि करवरिया एह सीट से विजयी भइले।

Tags :
Chunav 2024Khabar Bhojpuri NewsLoksabha ElectionLoksabha Elections 2024Phulpur loksabhaPoltics Newsuttar pradesh news
Advertisement
Next Article