टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

12 से 14 फरवरी तक हथियारन के होई भौतिक सत्यापन : लोकसभा चुनाव के लेके DM देलें निरदेस 

07:08 PM Feb 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

आवे वाला लोक सभा चुनाव के धेयान में रखत सीवान में प्रशासनिक तइयारी तेज कs दिहल गइल बा। एकरा के लेके अब शस्त्र अनुज्ञप्ति धारियन के भौतिक सत्यापन कइल जाई। 12 फरवरी से लेके 15 फरवरी के बीच शस्त्र के भौतिक सत्यापन करावल जाये के बा। सब थाना मे शस्त्र के भौतिक सत्यपान करावल जाई। एकरा खातिर सब थाना में दंडाधिकारी के प्रतिनियुक्ति कइल गइल बा।

Advertisement

डीएम थानाध्यक्षन के सउपले जिम्मेदारी

जिला अधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता के निरदेस पs सब थाना में दंडाधिकारी आ थाना अध्यक्ष के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। थाना परिसर में हरदिन थाना अध्यक्ष आ प्रतिनियुक्त दंडाधिकारी शस्त्र के भौतिक सत्यापन करी लो। सबेरे के 10:00 बजे से लेकर सांझ के चार बजे तक शस्त्र सत्यापन होई।

शस्त्र के सत्यापन के बाद 16 फरवरी के सब दंडाधिकारी, जिला अधिकारी के सत्यापित शस्त्रन के सूची उपलब्ध कराई लो। संगही सब अनुज्ञप्तिधारी शस्त्रधारियन के निरदेस दिहल गइल बा कि 12-15 फरवरी के बीच अपना शस्त्र के भौतिक सत्यापन करा लेवे लो ना तs शस्त्र अवैध करार दिहल जाई।

सब थाना में प्रतिनियुक्त दंडाधिकारी

जीरादेई, आंदर, मैरवा, नौतन, गुठनी, दरौली, हुसैनगज, रघुनाथपुर, सिसवन, पचरुखी, बरहड़िया, बसंतपुर, भगवानपुर, गोरेयकोठी थाना मे थाना अध्यक्ष के संगे-संगे प्रखंड के सीओ थाना मे शस्त्र के भौतिक सत्यापन करी लो। ओहिजा असांव, हसनपुरा, जामों, महाराजगंज मे प्रखंड विकास प्राधिकारी थाना अध्यक्ष के साथ शस्त्र के भौतिक सत्यापन करी लो।

Tags :
Bhojpuri NewsLoksabha 2024 ElectionPhysical Verification of weaponsPreprations regarding loksabha election is onSiwan DM
Advertisement
Next Article