महाकुंभ जाए वाला तीर्थयात्री ध्यान दी, प्रयागराज जाए वाला स्पेशल ट्रेनन के लिस्ट आ टाइमटेबल देखीं
प्रयागराज में होखे वाला महाकुंभ खातिर भारतीय रेलवे विशेष ट्रेन चलावत बिया. रेलवे 22 ट्रेन के सूची जारी कईले बिया। इs ट्रेन देश के अलग-अलग शहर से चलेली अवुरी त प्रयागराज पहुंचला के बाद टर्मिनेट होई या फिर प्रयागराज पहुंचला के बाद, इs कवनो दोसरा शहर में टर्मिनेट होई।
हाल ही में रेलवे सूचना देले रहे कि महाकुंभ 2025 के दौरान रेलवे 10,000 से जादा रेगुलर आ 3000 से जादा स्पेशल ट्रेन चलावे के तैयारी कईले बा। एह 3000 स्पेशल ट्रेन में से 1800 ट्रेन छोट दूरी खातिर, 700 ट्रेन लंबा दूरी खातिर आ 560 ट्रेन रिंग रेल पs चलावल जाई।
प्रयागराज में उत्तर मध्य रेलवे के महाप्रबंधक उपेंद्र चंद्र जोशी बतवले रहले कि प्रयागराज-अयोध्या-वाराणसी-प्रयागराज, प्रयागराज-संगम प्रयाग-जौनपुर-प्रयाग-प्रयागराज, गोविंदपुरी-प्रयागराज-चित्रकूट-गोविंदपुरी अवुरी झांसी-गोविंदपुरी-प्रयागराज-मानिकपुर-चित्रकूट-झांसी रूट पs रिंग रेल के योजना तैयार हो गइल बा.
उs मेला क्षेत्र में प्रयागराज जंक्शन, सूबेदारगंज, नैनी, प्रयागराज छिवकी, प्रयाग जंक्शन, फाफामऊ, प्रयागराज रामबाग, प्रयागराज संगम अवुरी झूंसी समेत नौ रेलवे स्टेशन के संगे कुल 560 टिकट प्वाइंट के इंतजाम कईल जाता।
जोशी कहले कि एs काउंटर से रोज करीब 10 लाख टिकट बांटल जा सकता
उs कहले कि महाकुंभ-2025 में भारी भीड़ के देखत भारतीय रेलवे के सभ हिस्सा से रेलवे संरक्षण बल अवुरी सरकारी रेल पुलिस के 18 हजार से जादे जवान के ड्यूटी पs प्रयागराज ले आवल जाता। एs दौरान प्रयागराज जंक्शन पs शहर के ओर से प्रवेश अवुरी सिविल लाइन से बाहर निकले के इंतजाम होई।
महाप्रबंधक कहले कि प्रयागराज जंक्शन पs 6 बेड वाला 'अवलोकन कक्ष' बनावल गईल बा, जहां यात्री के चिकित्सा सहायता देवे खातीर ऑक्सीजन सिलेंडर, ईसीजी मशीन, ग्लूकोमीटर, नेब्यूलाइज़र, स्ट्रेचर आदि सभ प्रकार के उपकरण उपलब्ध करावल गईल बा।
इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन