For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

वेलेंटाइन के बनाई खास, घूमे के साथ, खूबसूरती में देवेला, ई जगहा पेरिसो के मात; बॉलीवुड सितारन के हs पहिला पसंद

10:30 AM Feb 12, 2024 IST | Raj Nandani
वेलेंटाइन के बनाई खास  घूमे के साथ  खूबसूरती में देवेला  ई  जगहा पेरिसो के मात  बॉलीवुड सितारन के हs पहिला पसंद
Advertisement

फरवरी के महीना अपना संगे प्यार के खुशनुमा एहसास लेके आवे ला। एह महीना के बायारे मे प्यार होला। जदि रउवा अपना पार्टनर खातिर 14 फरवरी माने वैलेंटाइन डे के ख़ास बनावे के चाहत बानी तऽ इंडिया के ई रोमेंटिक शहर के फटाफट टिकट बुक करा लीं।

Advertisement

14 फरवरी के वैलेंटाइन डे मनावल जाला, जवन प्यार करे वालन खातिर सबसे ख़ास दिन हऽ। बाकी का रउवा जानत बानी भारत मे एगो शहर भी बा जवन प्रेमियन खातिर बनल बा। एह शहर के खूबसूरती के आगवा बॉलीवुड तऽ का हॉलीवुड भी नतमस्तक बा। बॉलीवुड एक्ट्रेस प्रियंका चोपड़ा, कटरीना कैफ आ परिणीति चोपड़ा जइसन एक्ट्रेसेस एही शहर के अपना बियाह ला चुनले रही। हाले मे मशहूर पॉप स्टार दुआ लीपा भी एही शहर में छुट्टि मनावे आइल रही। चलि हम रउवा के बतावत बानी इ कौन शहर हऽ ? इ शहर राजस्थान में स्थित बा। एकरा के ‘सिटी ऑफ लेक' के नाम से भी जानल जाला। जी हां, बिल्कुल सही पहचननी, हम बात करऽ रहल बानी उदयपुर - the city of lake के।

राजस्थान में बसल इ शहर खूबसूरती में पेरिस के भी मात देवेला। उदयपुर में लेक के संख्या कुछ ज्यादा ही बा। जेकरे वजह से एकर नाम 'सिटी ऑफ लेक' पड़ल। जदि रउवा अपना पार्टनर के शादी खातिर प्रपोज़ करे के चाहत बानी तऽ इ रोमैंटिक शहर रउवा ला सबसे बेहतरीन विकल्प बा। उहें, बियाहलऽ चाहे प्रेमी जुगल अपना पार्टनर के संगे वैलेंटाइन मनावे खातिर इहवां घूमे प्लान कर सकत बानी। चली हम रउवा के इहवां कौन - कौन जगहा पs घूम सकतऽ बानी।

सिटी पैलेस

सिटी पैलेस जेकरा के राजमहल के रूप में भी जानलऽ जाला। पिछोला झील के किनार पs सफेद संगमर से बनल इs महल प्राचीन स्थापत्य कला में रूचि रखे वालन खातिर आकर्षण के केंद्र रहेला। इ महल राजस्थान के विशाल महल में से एक बा। इ महल सुबह 9 बजे से सांझ 4 चार बजे ले खुला रहेला। जेकर एंट्री फीस भी लागेला।

लेक पैलेस

लेक पैलेस के 'जल महल' के नाम से भी जानल जाला। इ खूबसूरत भव्य महल पिछोला झील के मध्य में स्थित एगो टापू पs बनल बा। जेकरी चारों ओर झील के जल रहेला। जेकरे वजह से एकरा के लेक पैलेस या जल महल के नाम से संबोधित कइल जाला। एह खूबसूरत जल महल के निर्माण महाराणा जगत सिंह द्वितीय सन् 1754 में करवइले रहे। सन् 1950 में एह महल के एगो पांच सितारा होटल में परिवर्तित कइलऽ गइलऽ रहे। तब से आज ले इ सुंदर महल एगो होटल के रूप में स्थित बा। एह महल के दीवार पs सुघरऽ चित्रकला कइलऽ गइलऽ बा।

सहेलियन के बाड़ी

फतेहसागर झील के नीचका बनल एह बाग में सुंदर सुंदर पेड़ पौधा आ संगीतमय फव्वारा अत्यंत मनोहार दृश्य प्रस्तुत करेला। एह बाग के निर्माण उदयपुर के महाराजा अपना परिवार के औरतन के मनोरंजन खातिर करवsवले रहन। इ स्थल सुबह 9 बजे से सांझ 6 बजे ले खुला रहेला।

जग मंदिर

इ मंदिर पिछोला नदी के किनार पs बनल बा। एकरा के 'लेक गार्डन पैलेस' के नाम से भी जानल जाला महाराणा अमर सिंह एकरा के बनवले रहलन ।

  • उम्मीद बा रउवा के इ जानकारी नीक लागी, राउर वलेंटाइन खास होखो।

Tags :
Advertisement