For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

जापान के हानेडा एयरपोर्ट पs प्लेन में आग लागल: लैंडिंग से पहिले कोस्ट गार्ड के विमान से टकराइल; फ्लाइट में मवजूद रहे लो 400 पैसेंजर

03:49 PM Jan 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
जापान के हानेडा एयरपोर्ट पs प्लेन में आग लागल  लैंडिंग से पहिले कोस्ट गार्ड के विमान से टकराइल  फ्लाइट में मवजूद रहे लो 400 पैसेंजर
Advertisement

जापान के राजधानी टोक्यो के हानेडा एयरपोर्ट पs एगो प्लेन में आग लाग गइल। जापानी न्यूज एजेंसी क्योडो के मोताबिक, आशंका बा कि लैंडिंग से पहिले विमान कोस्ट गार्ड के प्लेन से टकरा गइल रहे। फिलहाल फायर डिपार्टमेंट के कर्मचारी आग बुझावे के कोसिस कs रहल बा लो।

Advertisement

हादसा में नुकसान से जुड़ल कवनो जानकारी फिलहाल सामने नइखे आइल। जापान एयरलाइन्स के एगो प्रवक्ता बतवलें कि होकाइडो के शिन-चितोसे एयरपोर्ट से रवाना भइल विमान में करीब 367 पैसेंजर्स आ 12 क्रू मेंबर्स सवार रहे लो। सभे के प्लेन से निकालल जा चुकल बा। जापान के ट्रांसपोर्ट मिनिस्ट्री ममिला के जांच कs रहल बिया।

Tags :
Advertisement