टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

South Korea: प्लेन क्रैश में 85 से जादे यत्रियन के मौत: 181 लोग सवार रहे, बाकियो के मारल गइला के आशंका

11:23 AM Dec 29, 2024 IST | Anurag Ranjan
बैंकॉक से साउथ कोरिया आ रहल जेजू एयर के एगो फ्लाइट अतवार के मुआन इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs क्रैश हो गइल।
Advertisement

सेंट्रल डेस्क: बैंकॉक से साउथ कोरिया आ रहल जेजू एयर के एगो फ्लाइट अतवार के मुआन इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs क्रैश हो गइल। कोरिया टाइम्स के रिपोर्ट के अनुसार, प्लेन में सवार 181 लोगन में से 85 लोगन के शव बरामद भइल बा। खाली दु लोगन के जिंदा बचावल जा सकल बा, आशंका बा कि प्लेन के बाकी यात्रियो काल के गाल में जा चुकल बा।

Advertisement

न्यूज एजेंसी योनहाप के अनुसार, प्लेन के लैंडिग गियर में एयरपोर्ट पs लैंड करत घरी खराबी आ गइल रहे। एह कारण प्लेन के बिना लैंडिंग गियरे के उतरे के पड़ल। लैंड कइला के बाद प्लेन रनवे पs फिसलत एयरपोर्ट के फेंस (बाउंड्री) से टकराके क्रैश हो गइल। एजेंसी के मोताबिक, विमान में छव गो क्रू मेंबर आ 175 यात्री सवार रहे लो। हादसा भारतीय समय के मोताबिक, सबेरे 5:37 बजे भइल। एयरपोर्ट पs सब लोकल आ इंटरनेशनल फ्लाइट्स के रद्द कs दिहल गइल बा। जवन प्लेन क्रैश भइल बा, ऊ अमेरिकी कंपनी बोइंग के 737-800 प्लेन रहे।

प्लेन एयरपोर्ट पs लैंडिंग खातिर दू बेर कोसिस कइलस। पहिला बेर में लैंडिग गियर ना खुलला के वजह से प्लेन लैंड ना हो सकल रहे। एकरा बाद प्लेन एयरपोर्ट के एगो चक्कर लगवले रहे। पायलट दूसरका बेर प्लेन के बिना लैंडिग गियरे के लैंड करा देलस। कइयन गो मीडिया रिपोर्ट्स में प्लेन के विंग से पक्षी के टकरइला के दावा कइल जा रहल बा। एकरा वजह से लैंडिग गियर खराब भइल आ लैंड करत घरी खुल ना सकल।

न्यूज एजेंसी रॉयटर्स से बात करत मुआन एयरपोर्ट के दमकल अधिकारी बतवलें कि प्लेन में लागल आग पs काबू पा लिहल गइल बा। हालांकि, आग के बुझावे में 43 मिनट के समय लागल। फिलहाल क्रैश साइट पs बचाव कार्य जारी बा। जादेतर लोग प्लेन के पिछला हिस्सा में रहे, ओह लोगन के उहां से बाहर निकाले के कोसिस कइल जा रहल बा। प्लेन में सवार यात्रियन में 173 साउथ कोरियाई आ दुगो थाईलैंड के नागरिक रहे लो। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, जिंदा बचल दुनो लोग क्रू मेंबर्स से बा लो।

थाईलैंड के प्रधानमंत्री पैतोंगतार्न शिनावात्रा सोशल प्लेटफॉर्म एक्स पs एगो पोस्ट के माध्यम से दुर्घटना से प्रभावित लोगन के परिवारन के प्रति गहिराह संवेदना व्यक्त कइले बा लो। ई दक्षिण कोरिया के विमानन इतिहास के सबसे घातक आपदा में से एगो बा।

कजाकिस्तान में चार दिन पहिले भइल रहे प्लेन क्रैश

25 दिसंबर के अजरबैजान से रूस जा रहल एगो प्लेन कजाकिस्तान के अक्ताउ एयरपोर्ट के लगे क्रैश हो गइल रहस। प्लेन में पांच क्रू मेंबर सहित 67 लोग सवार रहे। एमे से 38 लोगन के मौत हो गइल। प्लेन के अजरबैजान के राजधानी बाकू से ग्रोज्नी पहुंचे के रहे।

Tags :
85 diedBhojpuri NewsPlane Accidentplane carsh in south korea
Advertisement
Next Article