For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

'IND vs PAK मैच से प्लेयर्स स्टार बनेले...', पूर्व क्रिकेटर T20 World Cup 2024 से पहिले सरकार से कऽ देले बड़ मांग

07:54 AM May 23, 2024 IST | Sonu Kishor
 ind vs pak मैच से प्लेयर्स स्टार बनेले      पूर्व क्रिकेटर t20 world cup 2024 से पहिले सरकार से कऽ देले बड़ मांग
Advertisement

पाकिस्तान के पूर्व खिलाड़ी यूनुस खान भारत बनाम पाकिस्तान के बीच सीरीज के लेके सरकार से बड़ मांग कइले। यूनुस खान अपना कप्तानी में पाकिस्तान के टीम के टी20 विश्व कप 2009 में खिताब जितवले रहले। एही बीच टी20 विश्व कप 2024 से पहिले यूनुस खान कहले कि हमनी के जवन पीढ़ी बिया ओमें हरमेसा बात भइल कि भारत आ पाकिस्तान के बीच सीरीज होखे के चाहीं।

Advertisement

क्रिकेट के मैदान पs जबो कबो भारत आ पाकिस्तान के टीम सामने होला तऽ एगो हाई-वोल्टेज मुकाबला देखे के मिलेला। फैंस टीवी स्क्रीन के सामने से हटे  के नांव ना लेवेले आ पूरा सड़कन पs सन्नाटा पसर जाला।

ई दुनु टीम के बीच मैच होखे एकर फैंस के काफी इंतजार रहेला। साल 2012 के बाद से दुनु टीम के बीच कवनो बाइलेटरल सीरीज नइखे भइल। हालांकि, आईसीसी के इवेंट में दुनु टीम एक-दूसरा के सामना करत नजर आइल बिया। एही बीच टी20 विशव कप 2024 से पहिले पाकिस्तान के पूर्व क्रिकेटर यूनुस खान सरकार से एगो बड़ मांग कइले।

Younis Khan भारत-पाक मैच के लेके सरकार से कइले ई मांग

दरअसल, पाकिस्तान के पूर्व खिलाड़ी यूनुस खान (Younis Khan) भारत बनाम पाकिस्तान के बीच सीरीज के लेके सरकार से बड़ मांग कइले। यूनुस खान अपना कप्तानी में पाकिस्तान के टीम के टी20 विश्व कप 2009 में खिताब जितवले रहले। एही बीच टी20 विश्व कप 2024 से पहिले यूनुस खाने पाकिस्तान के रिपोटर्स से बातचीत करते घरी कहले कि हमनी के जवन पीढ़ी बिया, ओमें हमेशा ई बात भइल बा कि भारत पाकिस्तान के बीच सीरीज होखे के चाहीं। ई खाली दू टीम के बात नइखे। विश्व कप में जब कबो मैच होला, तऽ कवनो टीम मैच हारेले तऽ दूसरकी पs प्रेशर डबल होला। बार-बार जब खेलल जाई तऽ प्रेशर रिलीज होई। प्लेयर्स भारत-पाक मैचे से स्टार बनेले।

एकरा साथही उऽ कहले कि हमरा ख्याल से स्पोर्ट्स खातिर दुनु मुल्कन के इकट्ठा होखे के चाहीं। दुनु मुल्कन के सरकारन के इकट्ठा होखे के चाहीं। प्लेयर्स साथही बाड़े। बड़ी निमन माहौल होला। प्लेयर्स अपना खेल के बारे में आपन विचार शेयर करत रहेले। दुनु देश के क्रिकेट बोर्ड के सामने आवे के चाही आ भारत बनाम पाकिस्तान के बीच सीरीज होखे के चाहीं।

Tags :
Advertisement