For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आजु अयोध्या चहुँपीहें पीएम मोदी, कब करिहें एयरपोर्ट आ रेलवे जंक्शन के उद्घाटन? जानी पूरा शेड्यूल

08:45 AM Dec 30, 2023 IST | Minee Upadhyay
आजु अयोध्या चहुँपीहें पीएम मोदी  कब करिहें एयरपोर्ट आ रेलवे जंक्शन के उद्घाटन  जानी पूरा शेड्यूल
Advertisement

Advertisement

अयोध्या शहर के राम मंदिर के निर्माण कार्य तेजी से पूरा हो रहल बा। 22 जनवरी के होखे वाला प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम खातिर अयोध्या के भव्य रूप से सजावल जा रहल बा। हजारो करोड़ रुपिया के लागत से शहर खातिर विकास के काम हो रहल बा। एह क्रम में पीएम मोदी आजु के दिने अयोध्या चहुँपे जा रहल बाड़न। पीएम मोदी अपना यात्रा के दौरान अयोध्या शहर के कई तरह के योजना उपहार में दिहे। पीएम जी पुनर्विकसित अयोध्या धाम रेलवे जंक्शन आ नवनिर्मित महर्षि वाल्मीकी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के उद्घाटन भी करीहें। पीएम मोदी के पूरा कार्यक्रम का होई, एही खबर के माध्यम से जानी।

रेलवे स्टेशन के उद्घाटन कब होई?

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर के सबेरे करीब 11.15 बजे फेर से विकसित अयोध्या रेलवे स्टेशन के उद्घाटन करीहें। एह अयोध्या धाम जंक्शन के 240 करोड़ से अधिका के लागत से विकसित कइल गइल बा। एकरा संगे पीएम मोदी दुगो नाया अमृत भारत ट्रेन अवुरी 6 नाया वंदे भारत ट्रेन के भी झंडा देखा दिहे। एकरा अलावे पीएम ए क्षेत्र में रेल बुनियादी ढांचा के मजबूत करे खातीर 2300 करोड़ रुपिया के तीन रेल परियोजना भी राष्ट्र के समर्पित करीहे।

हवाई अड्डा के उद्घाटन कब होई?

रेलवे स्टेशन के उद्घाटन के बाद पीएम मोदी दुपहरिया 12.15 बजे नवनिर्मित महर्षि वाल्मीकी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के उद्घाटन करीहे। एह हवाई अड्डा के पहिला चरण के विकास 1450 करोड़ से अधिका के लागत से भइल बा। हवाई अड्डा टर्मिनल भवन के क्षेत्रफल 6500 वर्ग मीटर बा जवन सालाना लगभग 10 लाख यात्री के सेवा देवे खातीर तैयार होई।

15,700 करोड़ से अधिक के उपहार

हवाई अड्डा के उद्घाटन के बाद पीएम मोदी दुपहरिया के करीब एक बजे सार्वजनिक कार्यक्रम में भाग लीहे। पीएम मोदी अयोध्या समेत पूरा उत्तर प्रदेश खातिर 15,700 करोड़ से अधिका के कई गो विकास परियोजना के उद्घाटन आ शिलान्यास एहिजा करीहें। एहमें अयोध्या आ ओकरा आसपास के इलाका के विकास खातिर करीब 11,100 करोड़ रुपिया के परियोजना आ पूरा उत्तर प्रदेश में दोसरा परियोजना से जुड़ल करीब 4600 करोड़ रुपिया के परियोजना शामिल बा।

दोसर कार्यक्रम के भी जान लीं

श्री राम मंदिर तक पहुँच बढ़ावे खातिर प्रधानमंत्री अयोध्या में चार गो नवविकसित, चौड़ा आ सौंदर्य सड़क के उद्घाटन करीहें - 'रामपथ, भक्तिपथ, धर्मपथ आ श्री राम जन्मभूमि पथ'। एकरा अलावे पीएम मोदी कई गो अइसन परियोजना के उद्घाटन आ उद्घाटन करीहें जवना से नागरिक बुनियादी ढांचा मजबूत होखी आ साथही अयोध्या आ ओकरा आसपास के समृद्ध सांस्कृतिक विरासत के मजबूती मिली आ सार्वजनिक जगहन के सुन्दर बनावल जाई ।

Tags :
Advertisement