For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पीएम मोदी श्री रंगनाथस्वामी मंदिर में क‌इले दर्शन, हाथी से लिहले आशीर्वाद आ सुनला कंबा रामायण

03:59 PM Jan 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
पीएम मोदी श्री रंगनाथस्वामी मंदिर में क‌इले दर्शन  हाथी से लिहले आशीर्वाद आ सुनला कंबा रामायण
Advertisement

Advertisement

पीएम मोदी एs समय तमिलनाडु के तिरुचिरापल्ली में बा। इहां उs श्री रंगनाथस्वामी मंदिर के दर्शन क‌इले। एs दौरान उs एगो हाथी से आशीर्वाद लेहले, जेकर तस्वीर सामने आइल बा।

रंगनाथस्वामी मंदिर में क‌इले दर्शन

तिरुचिरापल्ली में श्री रंगनाथस्वामी मंदिर के पुजारी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आशीर्वाद दिहले। एs समय के तस्वीर सामने आइल बा।

पीएम कंबा रामायणम के छंदन के सुनले

पीएम मोदी तिरुचिरापल्ली के श्री रंगनाथस्वामी मंदिर में ए गो विद्वान के कंबा रामायणम के छंदन क पाठ करत सुनना। बता देंई के रामायण क बहुते पुराना संस्करणों मs से एगो कंबा रामायण हs, जेकर रचना 12वीं शताब्दी में तमिल कवि कंबन क‌इले रहले।

कंबन सबिसे पहिले श्री रंगनाथस्वामी मंदिर मs आपन रामायण सार्वजनिक रूप से प्रस्तुत क‌इले रहना। पीएम ओही स्थान पs ब‌इठल ह, जहंवा कंबन पहिला बेर तमिल रामायण गा के तमिल, तमिलनाडु आ श्री राम के बीचे गहरा संबंध के मजबूत क‌इना।

पारंपरिक तमिल परिधान पहन के मंदिर पहुंचन पीएम

पीएम मोदी शनिचर के पारंपरिक तमिल परिधान पहिन के श्री रंगम में श्री रंगनाथस्वामी मंदिर में पूजा-अर्चना क‌इले। पीएम तमिलनाडु के एs प्राचीन मंदिर में दर्शन के दौरान ‘वेष्टि’ (धोती) आ ‘अंगवस्त्रम’ (शॉल) पहिनले रहले। उs भगवान विष्णु के मंदिरे में पूजा-अर्चना क‌इले आ हाथी के भोजन दे के आशीर्वाद लिहले।

मोदी ए दौरान श्री रंगनाथस्वामी के दर्शन क‌इले। उनके मंदिर के पुजारि 'सदरी' देहले। प्रधानमंत्री ने वैष्णव संत-गुरु श्री रामानुजाचार्य आ श्री चक्रथाझवार के समर्पित कईगो 'सन्नाधि' (देवता लो के खातिर अलग-अलग पूजास्थल) में प्रार्थना क‌इले। तमिल में इष्टदेव के रंगनाथर के नाव से जानल जाला।

श्रीरंगम मंदिर के का बा खासियत?

श्रीरंगम मंदिर तमिलनाडु के एक गो प्राचीन वैष्णव मंदिर हs आ ई संगम युग के हs। विभिन्न राजवंश ए मंदिर के निर्माण आ विस्तार क‌इले। एs मंदिर के निर्माण में चोल, पांड्या, होयसाल आ विजयनगर साम्राज्य के राजा योगदान दिहले रहले । श्रीरंगम मंदिर कावेरी आ कोल्लीदम के संगम पs एगो द्वीप पs स्थित बा।

श्रीरंगम मंदिर के 'बोलोगा वैकुंठम' आ 'पृथ्वी पs वैकुंठम' के नाव से जानल जाला । प्रधानमंत्री शनिचर के चेन्नई से इहां पहुंच आ मंदिर जात समय अपना कार के पायदान पs खड़ा हो के उs लोगन आ भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के कार्यकर्ता के ओरे हाथ हिला के उनकर स्वागत क‌इला। प्रधानमंत्री एकरे बाद रामेश्वर के अरुल्मिगु रामनाथस्वामी मंदिर में पूजा-अर्चना करींहें।

Tags :
Advertisement