टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पीएम मोदी लोकसभा चुनाव में लगातार ताबड़तोड़ रैली करत बाड़े, सोशल मीडिया के भी हथियार बना देले बाड़े

11:34 AM Apr 11, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

लोकसभा चुनाव के तारीख के एलान भइला का बाद से पीएम मोदी लगातार सक्रिय लउकत बाड़न । पहिला चरण के मतदान 19 अप्रैल के होखे वाला बा, जवना में अभी कुछ दिन बाचल बा। अइसने में पीएम मोदी लगातार रैली आ रोड शो करत बाड़े।

Advertisement

लोकसभा चुनाव के तारीख के घोषणा के बाद से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लगातार सक्रिय देखाई देतारे। पहिला चरण के मतदान 19 अप्रैल के होखे वाला बा। जवना खातिर अब 10 दिन से भी कम समय बाचल बा। अइससने में भाजपा के ओर से खुद पीएम मोदी अगुवाई कइले बाड़े आ लगातार रैली आ रोड शो करत बाड़े। एतने ना पीएम मोदी सोशल मीडिया प्लेटफार्म के माध्यम से जनता तक आपन संदेश भी पहुंचावतारे। एकरा अलावे उ अलग-अलग कार्यक्रम के माध्यम से पहिला बेर मतदाता के अपना पक्ष में अपना ओर खींचे के कोशिश भी करतारे।

पीएम मोदी सक्रिय, भारत गठबंधन सुस्त

दूसर ओर भारत गठबंधन में शामिल तमाम दल के नेता एक संगे चुनाव प्रचार में ओतना सक्रियता नइखन देखा पावत, जेतना कि अकेले पीएम मोदी एनडीए के पक्ष में चुनाव प्रचार में देखावत बाड़े। एक ओर पीएम मोदी चैत्र नवरात्रि के शुरुआत के संगे शक्ति के पूजा करे के व्रत प बाड़े त दूसरा ओर उनकर सक्रियता विपक्षी नेता खातीर भी अचरज के बात हो गइल बा।

पीएम मोदी अकेले मोर्चा संभाल रहल बाड़े

विपक्षी दलन के भारतीय गठबंधन भी मोदी सरकार के सत्ता से हटावे खातिर चुनावी रैली कर रहल बा, बाकी आवे वाला लोकसभा चुनाव में विपक्षी दल ओतना सक्रिय नइखे लउकत। ए सभ विपक्षी दल के नेता के खिलाफ अकेले पीएम मोदी मोर्चा के अगुवाई करतारे।

पीएम मोदी लगातार रैली करत बाड़े

पीएम मोदी लगातार उत्तर से दक्षिण आ पूरब से पश्चिम तक हर जगहा रैली कर के आपन आवाज जनता तक पहुंचावे में लागल बाड़े। दोसरा तरफ चुनाव प्रचार में विपक्षी पार्टी उनका से तुलना कतहीं नइखे लउकत । कांग्रेस अध्यक्ष रहल राहुल गांधी होखस भा सपा प्रमुख अखिलेश यादव, ममता बनर्जी आ अउरी नेता लोग ओतना चुनावी रैली नइखे कर पावत जतना पीएम मोदी 73 बरीस का उमिर में कर रहल बाड़न आ जनता का बीच जा रहल बाड़न ।

पीएम मोदी पिछला दस दिन में 20 से अधिका रैली आ रोड शो कइले बाड़न ।

पीएम मोदी पिछला दस दिन में अबले 20 से अधिका रैली आ रोड शो करवले बाड़न । एकरा अलावे उ कई गो न्यूज चैनल आ पत्रिका के साक्षात्कार में भी भाग लेले बाड़े। सुदूर दक्षिण से लेके पूर्वोत्तर तक क्षेत्रीय मीडिया के भी साक्षात्कार दे चुकल बाड़े। पीएम मोदी बुधवार के कई गो प्रमुख गेमिंग क्रिएटर से भी मुलाकात कइले। जवना में अनिमेश अग्रवाल, मिथिलेश पतंकर, पायल धरे, नमन माथुर आ अंशु बिष्ट शामिल रहले ।

एकरा से पहिले माइक्रोसॉफ्ट के संस्थापक बिल गेट्स भी पीएम मोदी के साक्षात्कार लेले रहले। एह में उहाँ के विज्ञान, स्वास्थ्य क्षेत्र, जलवायु समेत कई गो मुद्दा पर विशेष चर्चा भइल। बिल गेट्स के साक्षात्कार के बारे में खुद पीएम मोदी अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स प जानकारी देले रहले।

Tags :
2024 election2024 Lokashba ElectionBhojpuri khabarcampaignElection CampaignKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriloksabha election 2024pm modiSocial Media
Advertisement
Next Article