For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

PM Modi Letter: चुनाव के घोषणा से पहिले पीएम मोदी के देश के नाम संदेश, लोगन से कइले ई अपील

09:41 AM Mar 16, 2024 IST | Sonu Kishor
pm modi letter  चुनाव के घोषणा से पहिले पीएम मोदी के देश के नाम संदेश  लोगन से कइले ई अपील
Advertisement

PM Modi Letter चुनाव आयोग आज दुपहरिया में 3 बजे चुनाव के तारीखन के एलान कर दी। एकरा से पहिले पीएम मोदी देशवासियन के नाम पत्र लिखले बाड़न। पीएम मोदी  देश के लोगन के संबोधित करत कहले कि राउर आ हमनी के साथ अब एक दशक पूरा करे जा रहल बा आ हमरा सभकर साथ मिलल बा आ आशा बा कि आगहूं मिलत रहीं।

Advertisement

हमनी के साथ के एक दशक पूरा...

पीएम मोदी ने देश के लोगन के संबोधित करत लिखले, " राउर आ हमार साथ अब एक दशक पूरा करे जा रहल बा। हमार 140 करोड़ परिवारजन लो के साथ विश्वास, सहयोग आ समर्थन से जुड़ल ई मजबूत रिश्ता हमरा खातिर कतना विशेष बा, एकरा के शब्दन में व्यक्त कर पावल कठिन बा।''

सरकार ईमानदार प्रयास कइलस

हमरा परिवार के लोग के जीवन में आइल सकारात्मक बदलाव बीतल 10 बरिसन में हमनी के सरकार के सबसे बड़ उपलब्धि, सबसे बड़ पूंजी बा। आपन हर नीति, हर निर्णय के जरिए गरीब, किसान, युवा आ महिला लो के जीवन स्तर के सुधारे आ ओकरा के सशक्त बनावे खातिर कृतसंकल्पित सरकार जवन ईमानदार प्रयास कइलस, ओकर सार्थक परिणाम हमनी के सामने बा।

पीएम गिनवले आपन सरकार के काम

पीएम मोदी पत्र में आपन सरकार के कामो गिनवले। पीएम कहले कि हमनी के सरकार माई - बहिन लो के सहायता देवे के ढेर प्रयास कइलस जवन खाली आम लोगन के भरोसा आ विश्वास के चलते भइल। उऽ एकरा साथे आपन कई हो कामो बतवले, जवना में शामिल बा....

प्रधानमंत्री आवास योजना के जरिए पक्का के मकान

सब कोई खातिर बिजली, पानी, गैस के समुचित व्यवस्था

आयुष्मान भारत योजना के जरिए इलाज के व्यवस्था

किसानन के आर्थिक मदद

मातृ वंदना योजना के जरिए महिला लो के सहायता

लोग से मंगले आशीर्वाद आ सुझाव

पीएम मोदी एकरा साथे कहले कि विकसित भारत के निर्माण के जवन संकल्प के साथे देश आगे बढ़ रहल बा, ओकर पूर्ति में हमरा रऊआ लो के विचार, सुझाव, साथ आ सहयोग की आवश्यकता बा। पीएम कहले कि हमरा विश्वास बा कि रऊआ लोग के आशीर्वाद आ समर्थन हमरा निरंतर मिलत रहीं। राष्ट्रनिर्माण खातिर हमनी के प्रयास बिना थाकल, बिना रुकल हमेशा जारी रहीं, ई मोदी के गारंटी बा।

Tags :
Advertisement