टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

PM Modi On Chirag: 'हमार छोट भाई चिराग पासवान...', जब हजार लोगन के सोझा PM Modi कहले ई बात

06:36 PM Apr 04, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

PM Modi Bihar Visit अपना संबोधन के दौरान प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी दिवंगत पूर्व केंद्रीय मंत्री के याद कइले आ कहले कि पहला चुनाव बा कि बिहार के बेटा गरीबों आ दलितन के मसीहा रामविलास पासवान हमनीं के बीच में नइखन बाकिर संतोष बा कि पुत्र आ हमार छोट भाई चिराग पासवान रामविलास जी के विचारन के पूरा गंभीरता से आगे बढ़ा रहल बाड़े।

Advertisement

जमुई के खैरा प्रखंड स्थित बल्लोपुर के धरा से बियफे के बिहार में चुनावी शंखनाद करे पहुंचले प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अपना संबोधन के दौरान चिराग पासवान के छोट भाई कहलें।

चिरागो पासवान अपना एक्स अकाउंट पऽ प्रधानमंत्री के आभार व्यक्त कइले । उऽ लिखले, जमुई के पावन आ ऐतिहासिक धरा पऽ देश के यशस्वी प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी विशाल जनसभा के संबोधित कइले आ NDA प्रत्याशी अरुण भारती के जितावे के अपील कइलें।

'हमहूँ पीएम के साथे मंच साझा कइनीं '

उऽ आगे लिखले - हमहूँ प्रधानमंत्री जी के साथे मंच साझा कइले। ई हमनी खातिर भावनात्मक पल रहें, काहेंकि पिछला बेर साल 2019 में जब प्रधानमंत्री जी जमुई आइल रहलें तऽ हमनीं के नेता आ पिता श्रद्धेय रामविलास पासवान जी मौजूद रहलें। उऽ प्रधानमंत्री जी के पक्ष में बिहार के जनता से पूर्ण समर्थन आ समर्पण के अपील कइले रहलें। अब ई जिम्मेदारी हमरा कान्ह पऽ बा।

चिराग लिखले कि हम ई विश्वास दिआवत बानी कि बिहार के जनता 40 के 40 सीट यशस्वी प्रधानमंत्री के समर्पित करे खातिर तइयार बा। हम प्रधानमंत्री जी के ह्रदय से आभार करत बानी कि उऽ बिहार में चुनावी अभियान के शुरुआत खातिर हमरा कर्मभूमि जमुई के चुनले। एकरा साथहीं , हम लाखन के संख्या में मौजूद जमुई के देवतुल्य जनतो के आभार आ धन्यवाद करत बानी।

 

Tags :
2024 Lokashba ElectionBihar chunavbihar newsbihar politicsChirag PaswanChunav 2024Khabar bhojpuriKhabar Bhojpuri Newspm modipm modi bihar
Advertisement
Next Article