For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

राहुल से हाथ मिलवलें आ ओम बिरला के साथे आसन तक लेके गइलें पीएम मोदी

01:18 PM Jun 26, 2024 IST | Sonu Kishor
राहुल से हाथ मिलवलें आ ओम बिरला के साथे आसन तक लेके गइलें पीएम मोदी
Advertisement

बीजेपी सांसद ओम बिरला के 18वीं लोकसभा के स्पीकर चुन लिहल गइल बा। ध्वनि मत के जरिए ओम बिरला के स्पीकर चुनल गइल। पीएम मोदी उनका नांव के प्रस्ताव रखले रहलें। पीएम मोदी आ राहुल गांधी ओम बिरला के उनका आसन तक लेके गइलें। पीएम मोदी ओम बिरला के स्वागतो कइलें। एही दौरान राहुल आ मोदी गर्मजोशी के साथे मिलले।

Advertisement

पीएम मोदी आ राहुल गांधी के साथही उहाँ केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू रहलें। एही दौरान एगो खास तस्वीर आइल जवन सबकर ध्यान अपना ओर खींचलस। ई तस्वीर हऽ पीएम मोदी आ राहुल गांधी के। ओम बिरला के जब स्पीकर चुनल गइल तऽ पीएम मोदी आ राहुल गांधी उनकर स्वागत कइलें। राहुल गांधी लोकसभा में विपक्ष के नेता बाड़न।

गर्मजोशी से मिलले राहुल-मोदी

ओम बिरला के स्वागत के समय पीएम मोदी आ राहुल गांधी गर्मजोशी से मिलले। पीएम मोदी ओम बिरला के सीट पs उनका के बधाई देवे जात रहलें। तबे राहुल गांधीयो स्पीकर से मिले गइलें। एही दौरान मोदी आ राहुल गर्मजोशी से हाथ मिलवलें। प्रधानमंत्री राहुल के स्पीकर के उनका आसन तक ले जाए खातिर बोलवलें।

वोटिंग के नौबत ना आइल

ओम बिरला के ध्वनिमत से स्पीकर चुनल गइल। उनका सामने आईएनडीआईए के उम्मीदवार के सुरेश रहलें। पीएम मोदी ओम बिरला के नांव के प्रस्ताव रखले रहलें। राजनाथ सिंह, अमित शाह समेत कई नेता लो उनका नांव के समर्थन कइलस।

Tags :
Advertisement