टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पीएम मोदी दस मिनट खातिर गोरखपुर हवाई अड्डा पs रुकिहें, ओकरा बाद जइहें कुशीनगर -

12:17 PM Mar 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध के बिहार के बेतिया जाए खातीर कुशीनगर हवाई अड्डा पहुंच जईहे। हवाई अड्डा पs भाजपा के नेता लोग से भेंट करीहें। वापसी में प्रधानमंत्री गोरखपुर हवाई अड्डा पs अइहें, जहाँ जनप्रतिनिधि आ भाजपा के नेता उनुकर स्वागत करीहें। प्रधानमंत्री के कुशीनगर अवुरी गोरखपुर हवाई अड्डा पs पहुंचे के तैयारी शुरू हो गईल बा।

Advertisement

जानकारी के मुताबिक प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 6 मार्च के दुपहरिया 2:40 बजे कुशीनगर हवाई अड्डा पहुंचिहे। 20 मिनट ले रहीहे, जवना के दौरान उs कुशीनगर के जनप्रतिनिधि से मुलाकात करीहे। एकरा बाद हेलीकाप्टर से बेतिया, बिहार खातिर रवाना होखिहें। वापसी में प्रधानमंत्री साँझ 5:45 बजे हेलीकाप्टर से गोरखपुर हवाई अड्डा पहुंचिहें आ एहिजा जनप्रतिनिधि आ पार्टी के वरिष्ठ नेता लोग से भेंट करीहें।

पार्टी के क्षेत्रीय अध्यक्ष सहजानंद राय कहले कि हवाई अड्डा पs स्वागत खातीर 40 लोग के नाम के सूची प्रधानमंत्री कार्यालय में भेजल गईल बा। बियफ़ें के एs सूची के अंतिम रूप दिहल जाई। उs बतवले कि प्रधानमंत्री से मिले खातीर सभे उत्साहित बाड़े।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पांच मिनट ले एयरपोर्ट पs रहीहे। एह दौरान स्वास्थ्य विभाग 30 से अधिका डाक्टर आ पैरामेडिकल स्टाफ के साथे ड्यूटी पs लागल बा। एकरा अलावे चार सुरक्षित घर अवुरी मोबाइल टीम भी होई। ई सुरक्षित घर हवाई अड्डा, एम्स, बीआरडी मेडिकल कॉलेज आ वायुसेना अस्पताल में बनल बा। एडवांस लाइफ सपोर्ट (एएलएस) एम्बुलेंस के संगे एगो टीम तैयार होई रहीं।

 

 

 

 

Tags :
gorakhpur airportKushinagarpm modipm modi will stay at gorakhpurpolitics
Advertisement
Next Article