For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

PM Suraj Portal: जानीं का हs पीएम-सूरज पोर्टल? केकरा के आ केतना होई फायदा

09:18 AM Mar 14, 2024 IST | Minee Upadhyay
pm suraj portal  जानीं का हs पीएम सूरज पोर्टल  केकरा के आ केतना होई फायदा
Advertisement

Advertisement

पीएम सूरज पोर्टल : प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध के कहले कि उनुका सरकार के कल्याणकारी योजना से सबसे जादा फायदा अनुसूचित जाति (SC), अनुसूचित जनजाति (ST) अवुरी अन्य पिछड़ा वर्ग (ओबीसी) जईसन वंचित वर्ग के लोग के मिलल। वीडियो कॉन्फ्रेंस के माध्यम से ‘पीएम-सूरज’ राष्ट्रीय पोर्टल के शुभारंभ के मौका पs उs दलित समुदाय से जुड़ल पूर्व राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद अवुरी आदिवासी समुदाय से आवे वाला राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के चयन के जिक्र कईले अवुरी इs बात कहले वंचित तबका के जनता भाजपा के प्रयास शीर्ष पद पs पहुंचत रही। उs कहले कि कोविंद अवुरी मुर्मू के हार सुनिश्चित करे खातीर विपक्षी दल हर संभव प्रयास कईले।

का वंचित तबका के फायदा होई?

प्रधानमंत्री कहले कि उनुका सरकार के शौचालय अवुरी खाना बनावे के गैस के योजना से समाज के वंचित वर्ग के फायदा भईल बा।उs कहले कि गरीब खातीर सरकार के कल्याणकारी योजना के सबसे जादा लाभार्थी अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति, ओबीसी बा।

पीएम सूरज पोर्टल का हs?

प्रधानमंत्री सामाजिक उत्थान आ रोजगार आधारित कल्याण (पीएम-सूरज) राष्ट्रीय पोर्टल के मकसद अनुसूचित जाति आ पिछड़ा वर्ग आ स्वच्छता कार्यकर्ता समेत देश भर के पात्र लोग के ऋण सहायता दिहल बा। एह पहल के मकसद समाज के सबसे वंचित वर्ग के उत्थान कईल बा।

एक लाख लाभार्थी के खाता में 720 करोड़ रुपिया आईल

मोदी कहले कि, "पिछला सरकार में लाखों करोड़ रुपिया के घोटाला भईल रहे। हमनी के सरकार इs पईसा दलित अवुरी वंचित के भलाई खातीर अवुरी देश के विकास खातीर खर्च करतिया। आज 720 करोड़ रुपिया खाता में जमा हो गईल बा। लेकिन इs मोदी के सरकार ह, गरीब के पईसा सीधा खाता में पहुंच जाला।"

उ कहले कि आज देश में दलित, पिछड़ल अवुरी वंचित समाज के भलाई खातीर एगो अवुरी बड़ मौका देखाई देता। उs कहले कि जब विपन्न लोग के वरीयता के भाव होखेला तs काम कईसे होखेला, इ एs आयोजन में देखाई देवेला। कार्यक्रम के दौरान प्रधानमंत्री मशीनी स्वच्छता व्यवस्था खातीर राष्ट्रीय कार्रवाई (नमस्ते) योजना के तहत सफाई मित्रा (सीवर और सेप्टिक टैंक के मजदूर) के आयुष्मान हेल्थ कार्ड अवुरी पीपीई किट भी बांटले। एह कार्यक्रम में देश भर के 500 से अधिका जिला से विभिन्न सरकारी योजना से वंचित समूहन के लगभग तीन लाख लाभार्थी भाग लिहले।

Tags :
Advertisement