टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जम्मू कश्मीर में पुलिस के बड़ कार्रवाई, आतंकी गतिविधियन में शामिल दु लोग गिरफ्तार, बंदूक-बम बरामद

08:05 AM May 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

जम्मू कश्मीर के सोपियां में आतंकी गतिविधि में शामिल दू लोग के पुलिस गिरफ्तार कs लिहले बिया. एकरा संगे पुलिस दुनो आरोपी से पिस्तौल, मैगजीन अवुरी चीनी ग्रेनेड भी बरामद कईले बिया। दुनु जने के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा आ आगे के जाँच जारी बा. भारतीय वायुसेना के काफिला पs पुंछ में आतंकवादी हमला कईले। दू गो गाड़ी पर गोलीबारी हो गइल. दुनो ओर से 30 से जादा गोलीबारी भईल। एकरा में पांच जवान घाही हो गईले। एहमें से एगो जवान के इलाज के दौरान मउत हो गइल. एs घटना के बाद से भारतीय सेना अवुरी पुलिस बल मिल के तलाशी अभियान चलावतिया।

सोपियां के अलूरा इमाम साहब इलाका में सुरक्षा बल के संगे पुलिस जांच के दौरान दु लोग के गिरफ्तार कs लेलस। ओह लोग के लगे से आतंकी गतिविधि में इस्तेमाल होखे वाला हथियार, हथियार बनावे के सामग्री, ग्रेनेड आ अउरी सामान बरामद भइल बा.

सेना आ सीआरपीएफ के साथे चेक प्वाइंट स्थापित

खास जानकारी मिलला पs पुलिस सेना अवुरी सीआरपीएफ के संगे सोपियां के अलूरा इमामसाहिब गांव में नाकाबंदी बनवले रहे। इहाँ के जांच के दौरान पुलिस आतंकी गतिविधि में शामिल दु लोग के गिरफ्तार कs लेलस। एह लोग के पहचान आमिर अहम मिर आ जफर आजाद के रूप में भइल बा. जहूर अहमद के बेटा आमिर अवुरी आजाद हुसैन गनी के बेटा जफर दुनो मंदुजियान के निवासी रहले। जांच के दौरान आमिर अवुरी जफर से एगो पिस्तौल, एगो मैगजीन, आठ राउंड, दो चीनी ग्रेनेड अवुरी आतंकी गतिविधि से जुड़ल बाकी समान बरामद भईल बा। एs मामिला में इमामलसाहिब थाना में संबंधित धारा के तहत मामिला दर्ज करावल गईल बा। आग लगला के जांच शुरू कs दिहल गईल बा।

 

 

 

 

Tags :
indian air forceJammau And KashmirpoliceTerrorTerrorist
Advertisement
Next Article