टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कार किने पहुंचल फर्जी दरोगा के पुलिस पकड़लस, कांस्टेबल के चोरवले रहे वर्दी

01:36 PM Sep 07, 2024 IST | Sonu Kishor
युवक के लगे से बरामद भइल फर्जी कार्ड
Advertisement

शनिचर के दिने लखनऊ के चिनहट में कार खरीदे आइल एगो फर्जी इंस्पेक्टर के पुलिस पकड़ लिहलस। एकरा अलावे पुलिस एगो कार शोरूम में काम करत एगो युवक के हिरासत में लेले बिया। पुलिस फर्जी इंस्पेक्टर के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज के शो रूम वर्कर से पूछताछ करतिया।

Advertisement

बहराइच के रामगांव में रहेवाला छात्र सोमिल सिंह (22 साल) शनिचर के चिनहट के शोरूम से सब इंस्पेक्टर के वर्दी में गाड़ी खरीदे आइल रहे। शोरूम के एगो कर्मचारियो आरोपी के संगे रहे, सबेरे 8 बजे पुलिस ओकरा के मतियारी रोड के आदर्श ढाबा के नजदीक से गिरफ्तार कऽ थाना ले आइल। संगही पुलिस आरोपी कर्मचारी के हिरासत में ले लेलस।

आरोपी जूता से पकड़ में आइल

इंस्पेक्टर चिनहट अश्वनी कुमार चतुर्वेदी के मुताबिक गश्त के दौरान चौकी प्रभारी जावेद के ढाबा के नजदीक एगो संदिग्ध युवक देखाई देलस। आरोपी सब इंस्पेक्टर के वर्दी में रहे। बाकिर उऽ पुलिस के जूता ना पहिनले रहे आ वर्दी के रंगो तनिका अलग रहे। चौकी प्रभारी जब सोमिल से बात कइले तऽ उऽ घबरा गइल।

अपना जानल मानल सिपाही के वर्दी चोरवले रहे

आरोपी पूछताछ के दौरान बतवलस कि उऽ अपना जान-पहचान के एगो सिपाही के वर्दी चोरा लेले आ बाजार से दु स्टारो खरीदले। उनका लगे से यूपी पुलिस के फर्जी आईडी कार्ड बरामद भइल बा। उऽ एगो शोरूम से गाड़ी खरीदे चिनहट आइल रहे।

 बाराबंकी में आपन पोस्टिंग बतवलस

निरीक्षक बतवले कि आरोपी अपना के बाराबंकी के थाना में तैनात घोषित कइले रहे। आरोपी पहिले पुलिस के भरमावे के कोशिश कइलस बाकिर कड़ा पूछताछ के बाद आरोपी पूरा कहानी बतवलस। निरीक्षक चिनहट के मुताबिक आरोपी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। सोमिल आ ओकरा साथी से पूछताछ होखऽता। जांच के आधार प आगे के कार्रवाई कइल जाई।

Tags :
khabar bhojpuri khabar bhojpuri newslucknow newslucknow news bhojpuriLucknow policeUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article