टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सारण में 17-21 नवंबर तक पिलावल जाई पोलियो ड्रॉप: 5. 64 लाख लईकन के “जिनगी के दु बूंद” मिली, 1481 डोर-टू-डोर टीम रही

10:08 AM Nov 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

छपरा। सारण में 17 से 21 नवंबर तक पल्स पोलियो अभियान के स्पेशल चक्र चली। अभियान के क्रम में 0 से 5 साल तक के शत प्रतिशत लईकन के दु बूंद पोलियो के दवा पिलावल जाई। अभियान के प्रति जागरूकता खातिर सदर अस्पताल के एएनएम स्कूल छात्रा जागरूकता रैली निकालल लो।

Advertisement

जिला प्रतिरक्षण पदाधिकारी डॉ. चंदेश्वर सिंह हरियर झंडी दिखाके रैली के रवाना कइलस। एह मवका पs डीआईओ कहलें कि लईकन के स्वस्थ आ सेहतमंद जिनगी खातिर पोलियो के दवा पिलावल जरूरी बा। पोलियो कवनो लईका के अस्थाई अपंगता के कारण बन सकत बा।

दु बूंद पोलियो के दवा से लईकन के जिनगी के सुरक्षित कइल जा सकत बा। एहिसे अभिभावक अपना पांच साल तक के लईकन के एकर सेवन जरूर करावे। जवन एह लाइलाज बेमारी से बचाव के एकमात्र जरिया बा। एह दौरान छात्रा लोग रैली के माध्यम से शहर के लोगन के पोलियो से बचाव के जानकारी, आ लईकन के पोलियो के दवा पिलावे के प्रति जागरूक कइल।

जिला में 564049 लईकन के दवा पिलावे के लक्ष्य

यूनिसेफ के एसएमसी आरती त्रिपाठी बतवलें कि जिला में 5 लाख 64 हजार 49 लईकन के पोलियो के दवा पिलावे के लक्ष्य रखल गइल बा। एकरा के लेके तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। टीम के गठन कs लिहल गइल बा। जिला में कुल 1481 डोर-टू-डोर टीम, 25 ट्रांजिट टीम, 36 मोबाइल टीम के गठन कइल गइल बा।

ओहिजा, 543 सुपरवाइजर के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। पोलियो के दवा पिलावे खातिर जिला में कुल 6 लाख 56 हजार 714 घरन के लक्षित कइल गइल बा। स्वास्थ्य विभाग के ई पहल पोलियो मुक्त समाज के निर्माण के प्रति ओकर प्रतिबद्धता के दर्शावत बा। हर नागरिक के ई कर्तव्य बा कि ऊ एह अभियान में सहजोग करे आ जिला के हर लईकन के पोलियो के खतरा से सुरक्षित बनावे।

Tags :
Awareness rallyBhojpuri NewsChhapra NewsPulse Poliyo Abhiyansaran news
Advertisement
Next Article