For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

प्रियंका गांधी के साथे नृत्य करत शिक्षिका के वायरल वीडियो पऽ छिड़ल सियासी संग्राम, BJP कइलस कार्रवाई के मांग

12:39 PM May 27, 2024 IST | Sonu Kishor
प्रियंका गांधी के साथे नृत्य करत शिक्षिका के वायरल वीडियो पऽ छिड़ल सियासी संग्राम  bjp कइलस कार्रवाई के मांग
Advertisement

रांची में 22 मई के कांग्रेस द्वारा आयोजित चुनावी सभा के एगो वीडियो ए घरी सोशल मीडिया पs वायरल भइल बा। एमें सिसई प्रखंड के सरकारी शिक्षिका सुषमा नाग प्रियंका गांधी के हाथ धऽ ले डांस करत नजर आ रहल बाड़ी, भाजपा के कहनाम बा कि एगो सरकारी शिक्षिका के आदर्श चुनाव अचार संहिता लागू होखे के दौरान कवनो राजनीतिक दल के कार्यक्रम में बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल एकर उल्लंघन बा।

Advertisement

रांची में 22 मई के कांग्रेस ओर से आयोजित चुनावी सभा में पहुंचल कांग्रेस नेत्री प्रियंका गांधी के साथे हाथ धऽ के सिसई प्रखंड के सरकारी शिक्षिका सुषमा नाग के डांस के वीडियो वायरल होखे लागल बा। इंटरनेट मीडिया पs एकर बड़ा निंदा कइल जा रहल बा। एगो जिम्म्मेदार शिक्षिका कइसे चुनावी सभा में अइली आ नेत्री के साथे नृत्य कर रहल बाड़ी। मामला के प्रदेश भाजपा गंभीरता से ले लेले बिया।

शिक्षिका पऽ लागल आचार संहिता के उल्‍लंघन करे के आरोप

वर्तमान में शिक्षिका राजकीय मध्य विद्यालय छारदा में सहायक शिक्षिका के पद पs कार्यरत बाड़ी। वायरल वीडियो में शिक्षिका सुषमा नाग प्रियंका गांधी के हाथ धऽ के डांस करत दिखाई दे रहल बाड़ी।

एह संबंध में सिसई आ पुसो मंडल के भाजपा नेता लो कहलस कि एगो सरकारी शिक्षिका के ओर से आदर्श चुनाव अचार संहिता लागू रहे के दौरान कवनो राजनीतिक दल के कार्यक्रम मे बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल चुनाव अचार संहिता के उल्लंघन बा।

अइसन कार्यकम में अकसर शिक्षिका लो भाग लेत रहेला

साथही एह कार्यक्रम में नाबालिग स्कूली बच्चियन के कार्यक्रम में लेके गइल सांस्कृतिक कार्यक्रम के हिस्सा बनावल कवनो अपराध से कम नइखे। उक्त शिक्षिका लो एकरा पहिलहू विद्यालय के बच्चियन के साथे राजनैतिक आ गैर राजनैतिक कार्यक्रम में हिस्सा लेत रहेला।

उक्त शिक्षिका बच्चन के सांस्कृतिक कार्यक्रम के आपन व्यवसाय बना चुकल बाड़ी। शिक्षिका के एह कार्य से बच्चियन के पढ़ाई लिखाई पs विपरीत असर पड़ रहल बा। भाजपा नेता लो चुनाव आयोग से मांग कइलस कि चुनाव आयोग एह मामला के गंभीरता से लेत दोषी शिक्षिका लो के विरुद्ध कार्रवाई करे।

बतावे जुगुत बा कि पिछला बरिस इहे शिक्षिका विद्यालय में छात्रा लो जूं निकलावत रहली। जेकर वीडियो वायरल भइल रहे। एपर उपायुक्त संज्ञान लेत घरी दोसर विद्यालय में स्थानांतरण करा देले रहें।

Tags :
Advertisement