टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पछुआ हवा के कारण प्रदूषण के लेवल घटल : पटना के AQI आज 119, बक्सर के सबसे जादे 261 कइल गइल दर्ज

01:54 PM Feb 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पछुआ हवा के कारण प्रदूषण के लेवल घटल : पटना के AQI आज 119, बक्सर के सबसे जादे 261 कइल गइल दर्ज

Advertisement

राजधानी पटना समेत प्रदेश के कइयन जिलन में पिछला दिन भइल बरखा के कारण वायु प्रदूषण में तनिका सुधार देखे के मिलल बा। बरखा के बूंदन के संगे वातावरण में मौजूद धूलकण नीचे आ गइल बा। जवना कारण वायुमंडल में धूलकण के परत नइखे बनल। ओहिजा, पछुआ हवा चले के कारण प्रदूषण के दर कम भइल बा। पिछला 24 घंटा के दौरान पटना के AQI 119 दर्ज कइल गइल बा। ओहिजा बक्सर के AQI 261, अररिया के 160 आ किशनगंज के AQI 140 दर्ज कइल गइल बा।

पटना के गांधी मैदान के एरिया रेड जोन से बाहर

पटना में लगातार चल रहल कंस्ट्रक्शन के काम के कारण गांधी मैदान आ वेटरनरी कॉलेज के एरिया प्रदूषण के कारण रेड जोन में रहत बा। बाकिर अब ई रेड जोन से बाहर बा। वेटनरी कॉलेज के एयर क्वॉलिटी इंडेक्स लेवल आज 159 मापल गइल बा। ओहिजा, दूसरका स्थान पs गांधी मैदान बा, जवना के AQI 180 दर्ज कइल गइल बा। एकरा दानापुर के AQI 93 दर्ज कइल गइल बा।

सेंट्रल पॉल्यूशन कंट्रोल बोर्ड के अनुसार 50 AQI लेवल तक अच्छा, 51 से 100 AQI लेवल तक संतोषजनक, 101 से 200 AQI लेवल तक तनिका, 201 से 300 AQI लेवल तक खराब, 301 से 400 AQI लेवल तक बहुत खराब आ 400 AQI लेवल से जादे खतरनाक श्रेणी में मानल जाला।

प्रदेश में कवनो जिला के AQI आज 300 के पार ना

लगातार कइयन दिनन से बिहार के हवा बहुत प्रदूषित हो गइल बा। बाकिर बरखा होखला के कारण एमे सुधार देखे के मिलल बा। आज कवनो जिला के AQI 300 के पार दर्ज नइखे कइल गइल। अररिया के AQI 156, किशनगंज के AQI 139, भागलपुर के AQI 199, पूर्णिया के AQI 95 बक्सर के AQI 261 आ आरा के AQI 96 दर्ज कइल गइल बा।

Tags :
AaraAQIBhojpuri NewsBuxarpatnaweather
Advertisement
Next Article