टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पूजा सिंघल के SC से ना मिलल जमानत: स्वास्थ्य के हवाला देके मंगली बेल, अब मार्च में सुनवाई; 8 महीना से रिम्स में भरती बाड़ी

01:55 PM Jan 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पूजा सिंघल के SC से ना मिलल जमानत: स्वास्थ्य के हवाला देके मंगली बेल, अब मार्च में सुनवाई; 8 महीना से रिम्स में भरती बाड़ी

Advertisement

 

मनी लॉन्ड्रिंग आ vभ्रष्टाचार के आरोप मे घिरल झारखंड के निलंबित आईएएस अधिकारी पूजा सिंघल के एक बेर फेर झटका लागल बा। सुप्रीम कोर्ट पूजा सिंघल के जमानत याचिका पs सुनवाई करत आजो जमानत ना देलस।

निलंबित आईएएस अधिकारी सेहत के हवाला देत जमानत याचिका दायर कइले रहली। पूजा सिंघल के ओर से सीनियर एडवोकेट सिद्धार्थ लूथरा से बहस कइलें। ओहिजा ED के तरफ से ASG (असिस्टेंट सॉलिसिटर जनरल) एस वी राजू पक्ष रखलें। पूजा सिंघल के जमानत याचिका पs सुनवाई अब 11 मार्च के होई।

मनी लॉन्ड्रिंग के आरोप

महात्मा गांधी ग्रामीण रोजगार गारंटी योजना (मनरेगा) घोटाला से जुड़ल ममिला में पूजा सिंघल जेल में बंद बाड़ी। एकरा पहिलहू पूजा सिंघल जमानत खातिर सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले रहली। अपील के शीर्ष अदालत ठुकरा देले रहे।

पूजा सिंघल के 11 मई 2022 के प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) गिरफ्तार कइले रहे। गिरफ्तारी के बाद झारखंड सरकार उनका के निलंबित करे के आदेश देले रहे।

सात महीना 23 दिन से रिम्स में भर्ती बाड़ी पूजा सिंघल

पूजा सिंघल 7 महीना 23 दिन से रिम्स के पेइंग वार्ड में भर्ती बाड़ी  उनका के माइग्रेन समेत आउर परेसानियन के कारण इहां ले आवल गइल रहे। न्यूरोलॉजी डिपार्टमेंट के डॉ. सुरेंद्र कुमार उनकर इलाज कs रहल बाड़ें। माइग्रेन आ न्यूरो के आउर परेसानियन के ठीक हो गइला के बाद पूजा सिंघल बच्चेदानी दानी के सर्जरी के इच्छा जतवली। बीतल अगस्त के अंतिम सप्ताह में स्त्री रोग विभाग के डॉ. एसबी सिंह के देखरेख में बच्चेदानी के सर्जरियो गइल। एहु सर्जरी के  चार महीना 13 दिन हो गइल, बाकिर ऊ अभियो भरती बाड़ी। डॉक्टरन के मानीं तs फिलहाल ऊ पूरा तरे स्वस्थ बाड़ी

जेल से बाहर बाड़ें पति अभिषेक झा

पूजा सिंघल से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग केस में उनकर पति अभिषेक झा एंटीसिपेटरी बेल पs जेल के बाहर बाड़ें। अभिषेक झा के सीए (सुमन कुमार) के घर से ईडी 20 करोड़ कैश जब्त कइले रहे। ईडी अपना चार्जशीट में बतवलस कि कइसे पूजा सिंघल से बियाह कइला के बाद अभिषेक झा के कमाई में कइयन गुना इजाफा भइल। भ्रष्टाचार से कमाइल गइल पईसा अभिषेक झा के अकाउंट में ट्रांसफर भइल। दूसरका तरफ, पूजा के पति अभिषेक के कहनाम बा कि उनका अकाउंट में जवन पईसा बा, ऊ उनका नौकरी से कमइल पईसा हs।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bail Plea RejectedBhojpuri Newsjharkhand newsPuja SinghalRanchi NewsSupreme CourtSuspended IAS
Advertisement
Next Article