For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आलू बैंगन के साथे धोखा! सबसे खराब भोजन के लिस्ट में सामिल; जनता हैरान

11:14 AM Jan 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
आलू बैंगन के साथे धोखा  सबसे खराब भोजन के लिस्ट में सामिल  जनता हैरान
Advertisement

Advertisement

इहे कहावत ह-'पहिले पेट के पूजा करीं आ फेर कउनो काम दुजा करीं।' आ इहे कई भारतीयन के जीवन जीए के मंत्र भी हs। अब हर काम से पहिले खाना के रखे वाला लोग खातिर स्वाद पs चर्चा भी जरूरी बा। हाल ही में एगो लिस्ट सामने आइल जवना में हर घर में बनावल एगो बहुते आम सब्जी के ‘सबसे खराब रेटिंग’ वाला सब्जी में शामिल कइल गइल। जइसहीं नाम के खुलासा भइल तs स्वाद प्रेमियन के बीच बहस शुरू हो गइल।

टेस्ट एटलस के एगो सर्वेक्षण में 'दुनिया के सबसे खराब रेटिंग वाला खाना' के शामिल कईल गईल। अब खास बात ई बा कि आलू बैंगन के सब्जी के नाम भी ओहमें दर्ज हो गइल बा। एह सूची में आलू बैंगन के सब्जी के 60वां स्थान मिलल बा। हालाँकि, एकरा के 'साधारण आ स्वादिष्ट' बतावल गइल बा आ ईs खासतौर पs उत्तरी भारत में लोकप्रिय बा।

Tags :
Advertisement