टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दु घंटा तक बिजली आपूर्ति रही ठप: JE बोललें- विंटर मेनटेनेंस के लेके लिहल गइल निर्णय, जर्जर तारन के होई रिप्लेसमेंट 

11:44 AM Dec 30, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

छपरा के एकमा फीडर में 2 घंटा के पावर कट कइल जाई।  ई पावर कट सबेरे 12:00 बजे से लेके 2:00 बजे तक कइल जाई। एकमा पावर सबस्टेशन 132 केवीए में मेंटेनेंस के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। ठंड में बढ़त लोड के चलते पावर सप्लाई में परेसानी ना होखे एकरा खातिर विद्युत विभाग कावर से निर्णय लिहल गइल बा।

Advertisement

एह पावर कट के दौरान एकमा पावर सब स्टेशन में पावर कट कs के तार के पावर केबल के रूप में रिप्लेसमेंट कइल जाये के बा। ई जानकारी एकमा पावर सब स्टेशन के अभियंता कुंदन कुमार देलें। एह दौरान क्षेत्र के सब गांवन में बिजली गुल रही।

दुपहरिया 12 से 2 बजे तक सप्लाई रही बंद

पावर कट के बारे में जानकारी देत इंजीनियर कुंदन कुमार बतवलें कि बढ़त ठंड के चलते विद्युत तार पs भारी दबाव पड़ रहल बा। उपभोक्ताओं कावर से अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल गइला से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना से पावर ट्रिप के समस्या पेस आ रहल बा। जवना के ध्यान में रखत सब तारन के मरम्मत कइल जाइल अनिवार्य बा।

जवना के आलोक में सनीचर के दुपहरिया 12:00 बजे से 2:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद कs के सब तारन के रिप्लेसमेंट करत कभर केबल लगावाल जाई। जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। दोबारा 2:00 बजे के बाद बिजली सुचारु रूप से चालू कs दिहल जाई। एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित कार्य ओरवा लेवे खातिर निरदेस दिहल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra NewsElectricity Supplypower cutPower Supply
Advertisement
Next Article