For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

जापान में महसूस कइल गइल भूकंप के जोरदार झटका, जारी कइल गईल सुनामी के चेतावनी

02:15 PM Aug 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
जापान में महसूस कइल गइल भूकंप के जोरदार झटका  जारी कइल गईल सुनामी के चेतावनी
Advertisement

Advertisement

जापान में भूकंप : जापान में भूकंप के तेज भूकंप महसूस भइल बा। भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.9 नापल गईल बा। भूकंप के चलते सुनामी के चेतावनी भी जारी कईल गईल बा। दक्षिणी जापान में भूकंप के झटका मियाजाकी इलाका में महसूस भइल बा. जापान के तटीय इलाका मिायजाकी, कोची, इहिमे, कागोशिमा आ ऐटा में भी सुनामी के अलर्ट जारी कइल गइल बा।

अलग-अलग श्रेणी के भूकंप

भूकंप के तीव्रता के हिसाब से अलग-अलग श्रेणी में राखल जाला।  2.5 से 5.4 तीव्रता वाला भूकंप छोट श्रेणी में आवेला। 5.5 से 6 के तीव्रता वाला भूकंप के हल्का खतरनाक भूकंप मानल जाला, जवना में मामूली नुकसान के संभावना होखेला। अगर 6 से 7 तीव्रता के भूकंप आवे तs नुकसान के संभावना भी बढ़ जाला। 7 से 7.9 तीव्रता वाला भूकंप के खतरनाक मानल जाला। एह तीव्रता के भूकंप के कारण भवन सभ में दरार भा ढह जाए के संभावना होला। एकरा से ऊपर के तीव्रता वाला सभ भूकंप के बेहद खतरनाक श्रेणी में राखल जाला।

Tags :
Advertisement