टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रेलवे यात्रियन के मिली सस्ता दवाई, दिल्ली सहित देस के 61 रेलवे स्टेशनन पs खुली जन औषधि केंद्र

10:26 AM Jun 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

अब रउआ स्थानीय रेलवे स्टेशनन से सस्ता दवाई ले सकेम। भारतीय रेलवे प्रधानमंत्री जन औषधि केंद्र खोले के दायरा के बढ़ावे के निर्णय लेले बा। एकरा खातिर 61 से जादे रेल मंडलन के स्टेशनन के चयनित कइल गइल बा। एमे पुरानी दिल्ली, यूपी के प्रयागराज, अलीगढ़, गोंडा, बस्ती, बलिया, वाराणसी सिटी, छपरा, फर्रूखाबाद आ उत्तराखंड, पंजाब, राजस्थान सहित दूसरा राज्यन के रेलवे स्टेशन सामिल बा।

Advertisement

अधिकारियन के कहनाम बा कि प्रक्रिया अंतिम चरण में बा। एह स्टेशनन पर जल्दिये सस्ता दवा के दोकान खुलिहें सs। प्रधानमंत्री भारतीय जनऔषधि केंद्र में करीब 1963 दवाई आ 293 सर्जिकल उपकरण के बिक्री कइल जाला। इहां एंटी-कैंसर, एंटी-डायबिटिक्स, एंटी-इंफेक्टिव्स, एंटी-एलर्जिक, गैस्ट्रो सहित अलग-अलग उत्पादन के रोग-प्रतिरोधी क्षमता बढ़ावे वाली दवाइयन के बेचें के अनुमति बा। एलोपैथ के संगे आयुर्वेदिक उत्पादन के एह योजना में सामिल कइल गइल बा।

रेलवे बोर्ड एगो सर्कुलर जारी कs के कहले बा कि 61 स्टेशनन पs जनऔषधि केंद्र खोले के प्रक्रिया तेज कइल जाव। एकरा पहिलही 50 रेलवे स्टेशनन पs एह तरे के केंद्र खोले के निर्णय लिहल गइल रहे। रेलवे स्टॉल खोले के इच्छुक लोगन के आवेदन करे के कहले बा। एह तरे के केंद्र खोले के उद्देश्य सब लोगन के किफायती मूल्य पs गुणवत्तापूर्ण दवाई उपलब्ध करावल जा। इहे दवाई सब केंद्रीय अस्पतालन में सप्लाई कइल जाला। हालांकि, दिल्ली के अस्पतालन आ कइयन जगहन पs खोलल गइल एह तरे के दवा के दुकानन पs कइयन गो अइसन दवा बा जवन ना मिलेला, एह वजह से तीमारदारन के अंग्रेजी दवा के दुकान से दवा किने के मजबूरी होला।

एह स्टेशनन पs खुली केंद्र

Tags :
Bhojpuri Newsindian railwaysJan Aushadhi Kendra will be opend at 61 Railway StationsMedical Facilities for Raliway PassengersPradhan Mantri Jan Aushadhi Kendra
Advertisement
Next Article