For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Chess: प्रज्ञानंद दूसरा नंबर के खिलाड़ी कारुआना के हरवलस, क्लासिकल शतरंज में हासिल कइलें ई विशेष उपलब्धि

12:24 PM Jun 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
chess  प्रज्ञानंद दूसरा नंबर के खिलाड़ी कारुआना के हरवलस  क्लासिकल शतरंज में हासिल कइलें ई विशेष उपलब्धि
Advertisement

भारतीय ग्रैंडमास्टर प्रज्ञानंद ने नॉर्वे शतरंज टूर्नामेंट में शानदार प्रदर्शन करत दुनिया के दूसरका नंबर के खिलाड़ी फाबियानो कारुआना के क्लासिकल शतरंज के पांचवां दौर में हरवलें। एह जीत के संगे प्रज्ञानंद क्लासिक शतरंज में विश्व के नंबर एक खिलाड़ी नॉर्वे के मैग्नस कार्लसन आ दूसरका नंबर के खिलाड़ी कारुआना के पहिला बेर हरवले बाड़ें।

Advertisement

प्रज्ञानंद अपना सानदार प्रदर्शन के दम पs अंतरराष्ट्रीय शतरंज महासंघ (फिडे) के विश्व रैंकिंग में शीर्ष-10 में सामिल हो जइहें। 18 बरिस के भारतीय ग्रैंडमास्टर पहिले तीसरका दौर में कार्लसन के हरवले रहस। फिडे शतरंज विश्व कप के गत उपविजेता प्रज्ञानंद सानदार चाल चलत कार्लसन के मात देले रहस। एकरा पहिलहुं अपना करिअर में कुछ मवकन पs प्रज्ञानंद कार्लसन के रेपिड आ ब्लिट्ज गेम के मात देले रहस।

Tags :
Advertisement