टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

केरल में गर्भवती घोड़ी के बेरहमी से पीटले, छव लोगन पऽ मुकदमा दर्ज

12:01 PM Jul 29, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

केरल के कोल्लम जिला के एगो स्थानीय मंदिर परिसर में एगो गर्भवती घोड़ी के बान्ह के बेरहमी से पीटे के आरोप में छव लोग पs मुकदमा दर्ज करावल गइल बा। पुलिस एतवार के दिने ई जानकारी देहलस।

Advertisement

बियफे के भईल इ चौंकावे वाला घटना। एह घटना से जुड़ल एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल होखला के बाद जानवरन पs हमला के ई घटना व्यापक जनता के ध्यान अपना ओर खींचलस।

वीडियो में एगो आदमी पांच महीना के गर्भवती घोड़ी के बान्हता देखल जा सकऽता आ पांच गो आउर लोग जानवर पs हाथ, गोड़ आ लाठी से हमला करत देखाई दे रहल बाड़े।

घोड़ी के मेडिकल जांच के दौरान पाता चलल कि ओकरा शरीर पs चोट के निशान आ सूजन बा।

वीडियो वायरल भइला के बाद पशुपालन मंत्री जे चिंचु रानी समेत बहुत लोग हमलावर के कड़ा आलोचना कइले।

रानी रविवार के पत्रकारन से बतियावत कहली कि, एह घटना से सभ्य समाज आ पूरा राज्य के बदनामी भइल बा। “दोषी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई।”

घोड़ी के मालिक के शिकायत के आधार पs पुलिस जानवर पs हमला करे के आरोप में 6 लोग के खिलाफ मामला दर्ज कईलस। पुलिस के कहनाम बा कि, जानवर पs क्रूरता निवारण अधिनियम, 1960 के धारा के तहत मामला दर्ज कऽ के जांच शुरू कऽ दिहल गइल बा।

Tags :
Apradh newsGoverner KerlaKeralaKerala news in bhojapuriKerla NewsKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article