For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

विजय माल्या, नीरव मोदी समेत कई लोगन के भारत लाए के तैयारी, यूके जाई ED, CBI आ NIA के टीम

11:19 AM Jan 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
विजय माल्या  नीरव मोदी समेत कई लोगन के भारत लाए के तैयारी  यूके जाई ed  cbi आ nia के टीम
Advertisement

नीरव मोदी, विजय माल्या समेत भारत के बहुते वांछित भगोड़ा लोग के जल्दिए देश ले आवल जा सकेला। अगर एएनआई के सूत्र पs विश्वास कईल जाए तs केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई), प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) अवुरी राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) के अधिकारी के एगो उच्च स्तरीय टीम जल्दिए ब्रिटेन (यूनाइटेड किंगडम) पहुंच के प्रत्यर्पण में तेजी ले आई एह लोग के लेवे (यूनाइटेड किंगडम) जाए वाला बिया।

Advertisement

अपडेट का बा?

अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक भारत के वांछित भगोड़ा लोग के वापस ले आवे खातीर केंद्र सरकार मजबूत प्रयास करे जा रहल बिया। एह सिलसिला में बड़हन केंद्रीय एजेंसियन के यूनाइटेड किंगडम भेजल जा रहल बा। बता दीं कि रक्षा डीलर संजय भंडारी, हीरा व्यापारी नीरव मोदी, किंगफिशर एयरलाइंस के प्रमोटर विजय माल्या समेत भारत से बहुते भगोड़ा यूके में रहत बाड़े।

Tags :
Advertisement