टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

75 years of constitution: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू जारी कइली ₹75 के सिक्का

05:28 PM Nov 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू
Advertisement

 

Advertisement

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू मंगल के दिने संसद में देश के संविधान अपनावे के 75वां वर्षगांठ के मौका पs 75 रुपिया के स्मारक सिक्का आ डाक टिकट जारी कइलन. नई दिल्ली के संविधान भवन के सेंट्रल हॉल में आयोजित एगो समारोह के दौरान इs ऐतिहासिक सिक्का जारी कईल गईल। संविधान दिवस पs संसद के दुनो सदन के संयुक्त बैठक के संबोधित करत मुर्मू कहली 'संविधान एगो जीवंत अवुरी प्रगतिशील दस्तावेज हs.' राष्ट्रपति संविधान के पहिला संस्कृत प्रति आ ओकर मैथिली संस्करण के भी अनावरण कईली।

₹75 के सिक्का

संविधान हमनी के देश के सबसे पवित्र ग्रंथ हs

राष्ट्रपति मुर्मू कहली कि संविधान दिवस के शुभ अवसर पs रउरा सभे के बीच होके हमरा बहुते खुशी होखत बा. संविधान हमनी के देश के सबसे पवित्र ग्रंथ हs। हमनी के संविधान हमनी के लोकतांत्रिक गणतंत्र के मजबूत आधार हs। हमनी के संविधान हमनी के सामूहिक अवुरी व्यक्तिगत आत्मसम्मान सुनिश्चित करेला। हमनी के देश के विविधता के अभिव्यक्ति हमनी के संविधान सभा में मिलल। संविधान सभा में तमाम प्रांत आ क्षेत्र के प्रतिनिधि के मौजूदगी से अखिल भारतीय चेतना के स्वर मिलल।

दिसंबर में विआह पंचमी आ मोक्षदा एकादशी के साथे आई कई गो व्रत-त्योहार, ईहां देखी पूरा लिस्ट

मिलजुल के काम करीं

राष्ट्रपति मुर्मू कहली कि संविधान के भावना के मुताबिक कार्यपालिका, विधायिका अवुरी न्यायपालिका के जिम्मेदारी बा कि उs लोग मिल के आम जनता के जीवन आसान बनावे। उs कहली कि पछिला कुछ साल के दौरान सरकार समाज के सभ वर्ग, खास तौर पs कमजोर वर्ग के विकास खातीर कई कदम उठवले बिया। एह तरह के फैसला के चलते लोग के जिनिगी में सुधार भइल बा आ ओह लोग के प्रगति के नया मौका मिल रहल बा.

 

 

 

 

 

Tags :
CoinCoinsConstitution of IndiaDroupadi Murmu
Advertisement
Next Article