For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

थोड़ी देर में भाजपा कार्यालय पहुंचिहें PM मोदी, कार्यकर्ता लो में जश्न के माहौल

07:42 PM Oct 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
थोड़ी देर में भाजपा कार्यालय पहुंचिहें pm मोदी  कार्यकर्ता लो में जश्न के माहौल
पीएम मोदी :फोटो
Advertisement

Advertisement

हरियाणा आ जम्मू कश्मीर विधानसभा चुनाव के नतीजा आजु घोषित हो गइल बा. हरियाणा में भाजपा एग्जिट पोल के उलट एगो बड़ फेरबदल कs के बड़ जीत हासिल कईले बिया। हरियाणा में तीसरी बेर एह जीत के चलते भाजपा कार्यकर्ता में बहुते उत्साह देखे के मिलत बा. एही बीच पीएम मोदी कुछ समय बाद भाजपा कार्यकर्ता के संबोधित करीहे। पीएम मोदी भी एक्स पs जीत के बधाई देले बाड़े।

पीएम मोदी जी एक्स के बधाई देले

पीएम मोदी एक्स पs एगो पोस्ट में लिखले बाड़े कि, 'हरियाणा के दिल से आभार! हरियाणा के जनता के हम एक बेर फेरु से भारतीय जनता पार्टी के स्पष्ट बहुमत देवे खातिर प्रणाम करतानी। विकास आ सुशासन के राजनीति के इहे जीत हs। हम एहिजा के जनता के भरोसा दिआवत बानी कि ओह लोग के आकांक्षा पूरा करे खातिर हमनी के कवनो कसर ना छोड़ब जा. हम अपना सभे साथी लोग के भी बधाई देत बानी जे एह महान जीत खातिर अथक मेहनत आ पूरा समर्पण के साथ काम कइले! रउआ राज्य के जनता के बढ़िया से सेवा तs कइले बानी, बलुक हमनी के विकास के एजेंडा भी ओह लोग ले पहुंचवले बानी। एकरा नतीजा में भाजपा हरियाणा में इs ऐतिहासिक जीत हासिल कईले बिया।

Tags :
Advertisement