टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लइकन के साथे मस्ती करत दिखले PM मोदी, माथा पs सिक्का चिपका के देखवले जादू

04:12 PM Nov 16, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पs एगो वीडियो शेयर कईले बाड़े, जवना के बहुत पसंद कईल जाता। असल में वीडियो में पीएम लइकन के साथे सरारत करत लउकत बाड़े। खैर, सभे जानत बा कि मोदी के लइकन से खास दुलार बा। रोज उ लईकन के संगे मस्ती करत चाहे हौसला बढ़ावत देखाई देतारे। हालांकि अबकी बेर उनुकर स्टाइल पहिले से एकदम अलग रहे। पहिले लईकन के आपस में कपार लड़ावत देखल गईल। फेर एक रुपिया के सिक्का लेके बच्चन के संगे मस्ती करत देखल गईल।

लइकन के साथे बितवले पल

पीएम मोदी वीडियो के संगे कैप्शन में लिखले बाड़े कि बच्चा के संगे बितावल कुछ यादगार पल।

पीएम मोदी एगो परिवार से भेंट कइले

असल में पीएम मोदी प्रधानमंत्री के आवास पs एगो परिवार से मुलाकात कईले रहले। परिवार के दु बच्चा भी पीएम से मिले आईल रहले। पीएम के लइकन के साथे बहुत मजा आइल। इहाँ उ पहिले दुनो बच्चा के कान पकड़ के खेलवले। एकरा बाद उ अपना माथा पs एगो सिक्का चिपका के बच्चा के एगो चाल देखवले, जवना के बच्चा जादू समझले। एकरा बाद पीएम साहब लइकन के भी ई कारनामा करवले। सोशल मीडिया पs पीएम मोदी के ई वीडियो लोग खूब लाइक कर रहल बा। जब तक इ खबर लिखल गईल तब तक ए वीडियो के लाखों व्यूज अवुरी हजारों लाइक्स मिल चुकल रहे।

पहिला बेर ना...

ई पहिला बेर नइखे कि पीएम मोदी अपना समय लइकन के दे दिहले बाड़न। शरारत करे आ लइकन के साथे मस्ती कइल उनका के कई बेर देखल गइल बा। एह साल राष्ट्रीय शिक्षा नीति के तीन साल पूरा होखे के मउका पs पीएम मोदी अखिल भारतीय शिक्षा सम्मेलन के उद्घाटन कार्यक्रम में लइकन से भेंट कइलन। ट्विटर पs बच्चा के संगे तस्वीर शेयर करत पीएम मोदी लिखले रहले कि मासूम बच्चा के संगे कुछ पल खुशी के! इनकर ऊर्जा आ उत्साह मन के उत्साह से भर देला।

 

Tags :
Narendra ModiPrime Minister Narendra Modi
Advertisement
Next Article