For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

एक्टर बनले के चाहत में पृथ्वीराज कपूर उधार लिहले पइसा, खुद बदलले किस्मत आ कहलइले हिंदी फिलिम जगत के 'बाबुजी'

10:41 AM May 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
एक्टर बनले के चाहत में पृथ्वीराज कपूर उधार लिहले पइसा  खुद बदलले किस्मत आ कहलइले हिंदी फिलिम जगत के  बाबुजी
Advertisement

Advertisement

हिंदी फिलिम इंडस्ट्री में कई गो कलाकार रहल बाड़े, जे आपन छाप छोड़ के अतना पहचान बनवले कि दुनिया ओह लोग के बात करे लागल. अइसने एगो महान अभिनेता रहले, जे अमिट छाप छोड़ के हिंदी फिलिम इंडस्ट्री के गजब के फिलिम तs देले आ आगे के पीढ़ी के भी देले, जवना के हर पीढ़ी फिलिम में काम कर रहल बा। इs कवनो दोसर ना हउवें पृथ्वीराज कपूर, जेकरा के युगपुरूष के नाम से भी जानल जाला। पृथ्वीराज कपूर के आज 52वीं पुण्यतिथि हs। कपूर परिवार के फिलिम जगत से जोड़े वाला पृथ्वीराज कपूर के निधन 29 मई 1972 के हो गइल. पृथ्वीराज के फिलिमन में प्रवेश कइला के बाद पीढ़ी दर पीढ़ी लोग उनुका परिवार में जुड़त गइले.

कहाँ से शुरुआत कइल जाव

फिलिम इंडस्ट्री के लोग उनुका के ‘पापाजी’ कहत रहले. इहे कारण रहे कि बाद में एह अभिनेता के फिल्मन के जनक के नाम से जानल जाला। साल 1928 में ऊ अपनी बुआ से कुछ पइसा उधार ले के मुंबई अइले आ अभिनय के कैरियर बनावे खातिर.अपना करियर के शुरुआत में उs बहुत संघर्ष कईले। मुंबई अईले बाकीर उनुका फिलिम ना मिलल। फिलिमन में अभिनेता होखे के अलावे ऊ रंगकर्मी के काम भी कइले. अब शुरू से ही बतावत बानी कि पृथ्वीराज कपूर के जनम साल 1906 में पाकिस्तान के लायलपुर में भइल रहे। उनकर पिता दीवान विशेश्वर नाथ कपूर पुलिस अधिकारी रहले। पृथ्वीराज के माई के कम उमिर में मउत हो गईल। हीरो बने से पहिले पेशावर के एडवर्ड्स कॉलेज से कानून के पढ़ाई कइले रहले. पढ़ाई में गजब के रहले, बाकीर तबहूँ उनुकर दिल-मन अभिनय करे के चाहत रहे। लाहौर के कई गो थियेटरन से जुड़ल रहलें। दरअसल, सिनेमाघरन में भी उनका काम आसानी से ना मिलत रहे। ओह घरी रंगमंच में काम करे वाला लोग बहुते पढ़ल लिखल ना रहे. अइसना में रंगमंच में काम पावे खातिर उनका गली-गली भटकत रहले। एकरा बाद उs तय कईले कि अब उs मुंबई जईहे अवुरी अपना सपना के एगो नाया उड़ान दे दिहले। 21 साल के युवा पृथ्वीराज जेब में कुछ रुपिया लेके मुंबई पहुंचले अवुरी उहाँ उs कुछ अयीसन हासिल कईले जवन कि आज ले अवुरी केहु ना कs पवलस।

कम उमिर में बियाह हो गइल

पृथ्वीराज कपूर से छोट 7 भाई बहिन रहे। पृथ्वीराज कपूर के बियाह कम उमिर में हो गइल. 17 साल के उमिर में 15 साल के रामसरनी के हाथ पकड़ले रहले। दुनों के बियाह एगो अरेंज मैरिज रहे। वैसे कहल जाला कि पृथ्वीराज कपूर के पहिला नजर में आपन पत्नी पसंद आ गईल। दुनो के 6 बच्चा रहले। बड़का बेटा के नाम राज कपूर, फेर शशि कपूर आ फेर शमी कपूर. दुनु जने के उर्मिला नाम के एगो बेटी भी रहे। एकरा अलावे दुगो अवुरी बच्चा रहले, जवना के बेमारी के चलते मउत हो गईल।

एह फिलिमन के सबले बेसी लोकप्रियता बा

पृथ्वीराज कपूर के नाम पs गजब के फिलिम बाड़ी सँ. ‘विद्यापति’, ‘सिकंदर’, ‘दहेज’, ‘आवारा’, ‘जिंदगी’,’आसमान महल’, ‘तीन बहूरानियां’, ई कुछ अइसन फिलिम हs जवना खातिर उनुका के सबसे जादे याद कइल जाला. ‘मुगल-ए-आजम’ के पृथ्वीराज कपूर के करियर के सबले शानदार फिलिम मानल जाला. एह फिलिम में पृथ्वीराज शाहेनशाह जलालुद्दीन अकबर के किरदार कइले बाड़न. आज भी लोग उनुका के उनुका अद्भुत आवाज अवुरी संवाद के प्रस्तुति खातीर याद करेले।

Tags :
Advertisement