टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सीवान जंक्शन के प्लेटफॉर्म संख्या एक पs हाई-स्पीड ट्रैक लगावे के प्रक्रिया सुरू: 1 से 18 फरवरी तक ट्रेनन के आवाजाही पs रोक

01:14 PM Feb 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सीवान रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म संख्या एक पs रेल लाइन बदले के काम सुरू हो चुकल बा। प्लेटफार्म संख्या एक से 18 फरवरी तक ट्रेनन के आवाजाही पs रोक लगा दिहल गइल बा। 18 फरवरी तक प्लेटफार्म संख्या एक पूरा तरे से ब्लॉक रही। ओहिजा प्लेटफार्म संख्या दु आ तीन से ट्रेन के परिचालन चालू बा।

Advertisement

रेल लाइन पुरान होखे से कइल जा रहल बा मरम्मत

सीवान रेलवे स्टेशन अधीक्षक आरके वर्मा बतवलें कि प्लेटफार्म संख्या एक के रेल लाइन बहुते पुरान रहे। एह लाइन के पुरान तकनीक के प्रयोग कs के बनावल गइल रहे। अब नया तकनीक के प्रयोग कs के हाई स्पीड ट्रैक लगावल जा रहल बा। पूर्वोत्तर रेलवे कावर से नवीकरणीय के काम करावल जा रहल बा।

अमृत स्टेशन योजना के तहत रेलवे स्टेशन पs रेल ट्रैक बदले के काम कइल जा रहल बा। जवना के तहत स्टेशन पs आउरियो कइयन गो सौंदर्यकरण के काम करावल जा रहल बा। एकरे तहत ट्रैक बदलहूं के काम करावल जा रहल बा। स्टेशन अधीक्षक आगे बतवलें कि 18 फरवरी तक काम के पूरा कs लेवे के लक्ष्य रखल गइल बा। ट्रैक बदले के काम 18 फरवरी तक पुरा कs लिहल जाई।

प्लेटफार्म संख्या एक पs रेल लाइन ब्लॉक होखला के बाद प्लेटफार्म संख्या दु आ तीन से अप आ डाउन ट्रेन के परिचालन हो रहल बा। ओहिजा प्लेटफार्म संख्या चार से थावे के तरफ जाए वाली ट्रेनन के परिचालन हो रहल बा।

Tags :
Amrit StationBhojpuri NewsSiwan Junctionsiwan newsSiwan Railway StationTrack Upgradation
Advertisement
Next Article