VIDEO: किसान आंदोलन भइल उग्र, पंजाब-हरियाणा बॉर्डर पs किसान लो सेफ्टी बैरियर उखाड़ के फ्लाईओवर से नीचे फेंक देले
पंजाब हरियाणा सीमा पs किसानन के आक्रामक रूप देखल गइल बा। इहाँ के शंभू सीमा पs किसान फ्लाईओवर पs लागल सुरक्षा बाधा के उखाड़ के फ्लाईओवर से नीचे फेंक देले बाड़े। एकर वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में किसान बाधा के उखाड़ के फ्लाईओवर से नीचे फेंकत देखाई देतारे।
#WATCH | Protesting farmers vandalise flyover safety barriers at the Haryana-Punjab Shambhu border. pic.twitter.com/vPJZrFE0T0
— ANI (@ANI) February 13, 2024
पुलिस वाटर कैनन के इस्तेमाल कईलस
विरोध करत किसानन के तितर-बितर करे खातिर पुलिस वाटर कैनन के भी इस्तेमाल कईले। लेकिन किसान एs लोग के मांग पs अड़ल बाड़े अवुरी हिले से इनकार करतारे। वीडियो में देखल जा सकता कि वाटर कैनन के इस्तेमाल के बावजूद किसान अपना जगह से नईखन हिलत।
#WATCH | Police use water cannons to disperse the protesting farmers at the Haryana-Punjab Shambhu border. pic.twitter.com/TbdXCytCMX
— ANI (@ANI) February 13, 2024
हरियाणा के कुरुक्षेत्र में हंगामा
हरियाणा के कुरुक्षेत्र में भी प्रदर्शन करत किसान हंगामा मचवले बाड़े। एs दौरान उs लोग जबरन ट्रैक्टर से सीमेंट के बैरिकेड हटा देले। एकर एगो वीडियो भी सामने आइल बा। जवना में किसानन के गुस्सा देखल जा सकेला।
#WATCH | Haryana: Protesting farmers forcibly remove the cement barricade in Haryana's Kurukshetra#FarmersProtest pic.twitter.com/qifYSpsHpv
— ANI (@ANI) February 13, 2024