टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छठ पूजा पs दिल्ली में रही सार्वजनिक अवकाश, एलजी के चिट्ठी के बाद सीएम आतिशी के फैसला

05:47 PM Nov 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
एलजी वीके सक्सेना आ मुख्यमंत्री आतिशी - फोटो : एएनआई
Advertisement

दिल्ली सरकार के ओर से छठ पूजा के मवका पs सात नवंबर के सार्वजनिक अवकाश के घोषणा कइल गइल बा। दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी मुख्य सचिव के पत्र लिखके सार्वजनिक अवकाश घोषित करे के कहले बाड़ी। ऊ लिखली- छठ पूजा दिल्ली के लोगन खातिर एगो महत्वपूर्ण त्योहार हs। एकरा अनुसार, दिल्ली सरकार सात नवंबर 2024 के 'छठ पूजा' के अवसर पs सार्वजनिक अवकाश घोषित करे के निर्णय लेले बिया।

Advertisement

एकरा पहिले, दिल्ली उपराज्यपाल विनय कुमार सक्सेना मुख्यमंत्री आतिशी के पत्र लिखके छठ पूजा के अवसर पs 7 नवंबर, 2024 के सार्वजनिक अवकाश घोषित करे खातिर फाइल आगे बढ़ावे के निहोरा कइले रहस।

ऊ चिट्ठी में लिखलें- कुछे दिन में हमनी के छठ मना रहल होखेम सs। आस्था के ई महापरब चार दिन तक मनावल जाला, जेमे तीसरा दिन जब अस्ताचल सूर्य भगवान के अर्घ्य अर्पित कइल जाला, सबसे महत्वपूर्ण होला।

अवकाश के फाइल आगे बढ़ावे के कइलें आग्रह

ऊ लिखलें- एह साल 7 नवंबर के पड़े वाला ई दिन पहिलही से रिस्ट्रिक्टेट अवकाश के रूप में घोषित बा। हमार निहोरा बा कि सरकार 7 नवंबर 2024 (बियफे) के पूर्णकालिक अवकाश के रूप में घोषित करे आ एकरा से संबंधित फाइल जल्दी से जल्दी प्रेषित कइल जावs।

Tags :
Chhath PujaCM AtishiDelhi governmentLeave On Chhath Puja in DelhiLG Saksena
Advertisement
Next Article