टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पुणे में पूर्व उपमहापौर के बेटा टेम्पो के मरलस टक्कर, शरद पवार के पार्टी से बा आरोपी के नाता

09:18 AM Jul 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पुणे के पूर्व डिप्टी मेयर अवुरी राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के नेता शरदचंद्र पवार के बेटा बंडू गायकवाड़ कथित तौर पs अपना एसयूवी से टेम्पो मार के तीन लोग घाही कs देले। पुलिस बुध के दिने ई जानकारी दिहलस. पुलिस के कहनाम बा कि, बंडू गायकवाड़ के बेटा सौरभ गायकवाड़ (25 साल) 'टाटा हैरियर' के गलत दिशा में चलावत रहले, जवना के चलते मंगल के सबेरे पुणे के मंजरी-मुंधवा रोड पs दुर्घटना भईल, जवना में उहो घाही हो गईले। सोशल मीडिया पs एगो वीडियो सामने आइल बा जवना में एगो तेज रफ्तार एसयूवी मुर्गी से भरल टेम्पो से टकरा गइल बा.

दुर्घटना में टेम्पो चालक आ सहायक घायल

पुलिस के कहनाम बा कि, एs दुर्घटना में टेम्पो चालक अवुरी उनुकर सहायक भी घाही हो गईले। पुलिस के मुताबिक दुर्घटना के बाद तीनों के अस्पताल पहुंचावल गईल जहां उनुकर इलाज हो रहल बा। एगो पुलिस अधिकारी कहले कि, "सौरभ गायकवाड़ के खिलाफ हमनी के शिकायत दर्ज करवले बानी, जवन कि कथित तौर पs बेधड़क अवुरी गलत दिशा में गाड़ी चलावत रहले। हमनी के उनुका के हिरासत में नईखी लेले, काहेंकी फिलहाल उनुकर इलाज अस्पताल में होखता।" बता दीं कि पुणे में अइसन घटना पहिला बेर नइखे लउकत.

 

 

 

Tags :
Accident Newsmaharashtra newsPune AccidentPune Policeroad accident
Advertisement
Next Article