टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अब 'जगद्गुरु संत तुकाराम महाराज' के नाम से जानल जाई पुणे एयरपोर्ट

08:17 PM Sep 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
अब 'जगद्गुरु संत तुकाराम महाराज' के नाम से जानल जाई पुणे एयरपोर्ट: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

महाराष्ट्र के पुणे हवाई अड्डा के अब एगो अलगे नाम से जानल जाई। महाराष्ट्र के एकनाथ शिंदे सरकार पुणे हवाई अड्डा के नाम बदल देले बिया। अब पुणे हवाई अड्डा के नाम बदल के जगद्गुरु संत तुकाराम महाराज अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा कs दिहल गइल बा. महाराष्ट्र मंत्रिमंडल एह संबंध में एगो प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहले बा.

अब प्रस्ताव केन्द्र में जाई भेजल 

एगो अधिकारी बतवले कि इs फैसला राज्य सरकार के मंत्रिमंडल के बैठक में भईल बा अवुरी एकरा के केंद्र में भेजल जाई। राज्य के मंत्रिमंडल केंद्रीय नागर विमानन राज्य मंत्री मुरलीधर मोहोल के हवाई अड्डा के नाम बदले के प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहलस।

गडकरी समर्थन कइले रहले

केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी पहिलही से पुणे हवाई अड्डा के नाम बदले के समर्थन दे चुकल रहले। गडकरी कहले रहले कि उs इs सुनिश्चित करीहे कि एs प्रस्ताव के केंद्र के समर्थन मिले। संगही अब राज्य सरकार इs फैसला कs लेले बिया

राज्य मंत्री मुरलीधर मोहोल खुशी जतवले

पुणे लोकसभा सीट से भाजपा सांसद आ नागरिक उड्डयन राज्य मंत्री मुरलीधर मोहोल सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स पs एह बात पs खुशी जतवले बाड़न. नागर विमानन राज्य मंत्री मुरलीधर मोहोल कहले कि आजु पुणे के अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के नाम बदल के 'जगद्गुरु संत तुकाराम महाराज पुणे अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा' के दिशा में पहिला कदम उठावल गईल बा। एकरा संगे उs कहले कि मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के अध्यक्षता में भईल मंत्रिमंडल के बैठक में एs प्रस्ताव के मंजूरी मिलल।

 

 

Tags :
airportEknath shindeMaharashtrapune
Advertisement
Next Article